छठवां विश्व भोजपुरी सम्मलेन,२०१२

हमार सम्मानित भोजपुरिया भाई आ बहिन सभे

जय भोजपुरी आ प्रणाम,

रउवा ई जान के ख़ुशी होई कि हर साल के तरेह एहू साल पूर्वांचल एकता मंच (रजि.) दिल्ली 24 -25 मार्च 2012 (दिन सनीचर आ एतवार) के ‘ छठवां विश्व भोजपुरी सम्मलेन,२०१२’ के आयोजन कर रहल बा. पांचवा विश्व भोजपुरी सम्मलेन, 2011 के अपार सफलता के बाद आ रउवा सभे के हौसला देवे के वजह से हमनी यह साल फेर ई काजकरम के आयोजन कर रहल बानी. ई काजकरम में भोजपुरी भाषा पर विचार गोष्ठी, भोजपुरी कवि सम्मलेन, भोजपुरी नाटक,लोक संगीत आ भोजपुरी के सांस्कृतिक विरासत अउर संगीतो के झलक देखे के मिली. भोजपुरी सिनेमो के एह साल प्रमुखता दिहल जाई. ई अवसर पर देश- विदेश के भोजपुरी के जानल-मानल साहित्यकार, कवि, कलाकार, नेतागण, सामाजिक काजकर्ता आ भोजपुरी भाषा के आन्दोलन से जुडल लोग शामिल होई.

रउवा लोगन से निवेदन बा कि भोजपुरी साहित्य, संस्कृति, संरक्षण आ विकास खातिर पूर्वांचल एकता मंच (रजि.) दिल्ली के ई मधुर- निमंत्रण के स्वीकार करे के किरपा करीं आ काजकरम में जादा से जादा संख्या में आई.

नोट : साहित्यकार, कवि, कलाकार गन, भोजपुरी से जुडल अध्यापक, आन्दोलन से जुडल लोग, पत्रकार बंधु, संस्था के प्रमुख, विश्वविद्यालय से प्राध्यापक, आध्यापक लोगन से निहोरा बा कि आपन सहमति जल्दी से जल्दी दे के हमनी के कृतार्थ करीं. मंच के ओर से रउवा ठहरे आ भोजन के प्रबंध कईल गइल बा.

भोजपुरी माई के सेवा में रउवा सभे अपना अपना ढंग से योगदान देम हमनी के अपेक्षा कर सकेनी जा.

स्थान : दादा देव मेला ग्राउन्ड, सेक्टर : 8 , द्वारका, नयी दिल्ली-110077

काजकरम
24 मार्च,2012 ( सनीचर)
उद्घाटन सत्र : 2 .00 बजे दिन
विचार गोष्ठी : 3 .00 बजे दिन
कवि सम्मलेन :4 -5 .00 बजे साझ तकले
सांस्कृतिक काजकरम :6 .00 बजे से 10 .00 बजे रात तक

25 मार्च,2012 ( सनीचर)
परिचर्चा : 2 .00 बजे दिन
भोजपुरी लोकगीत वीर कुंवर सिंह गाथा : 3 -5 .00 बजे दिन
भोजपुरी सिनेमा विशेष : 6 .00 बजे साझ से
अलंकरण : 8 .00 बजे रात
सांस्कृतिक काजकरम :8 .00 बजे से 10 .00 बजे रात तक

राउर आपन,
शिवजी सिंह, अध्यक्ष
संतोष पटेल, महासचिव
पूर्वांचल एकता मंच (रजि.) नयी दिल्ली.
आर जेड एच. 896 राजनगर-2 , गली न. 12 , नयी दिल्ली -110077


संपर्क सूत्र :

santosh _ibparishad @ yahoo .co .in
shivji 301@ gmail .com
9810158423
9868152874


1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई आ बहुते ख़ुशी के बात बा कि पूर्वांचल एकता मंच ‘ छठवां विश्व भोजपुरी सम्मलेन,२०१२’ करावे जा रहल बा .आ सब भोजपुरिया भाई लोगन के ‘मधुर- निमंत्रण ‘देवल जा रहल बा .एह कार्यकर्म में त आवहीं के पड़ी . ढेर सारा धन्यवाद !

    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।