छपरा में अनेके सरकारी आवासन पर बिजली विभाग के छापा

सारण जिला के छपरा में काल्हु अतवार का दिने बिजली विभाग अनेके सरकारी क्वार्टरन पर छापा मरलसि आ बिजली चोरावे के अनेके मामिला दर्ज कइल गइल. एह में दू गो डाक्टर आ डेढ़ दर्जन सरकारी कर्मचारी शामिल बाड़ें. केहू के मीटर जरल रहे, त केहू किहाँ ओवरलोड मिलल. कुछ लोग का घरे त मीटरे ना मिलल. अब एह लोगन पर दू हजार से लेके डेढ़ लाख ले जुर्माना लगावल गइल बा.

बिजली विभाग के कहना बा कि एह तरह के छापामारी से विभाग के राजस्व वसूली लगातार बढ़त बा आ छापामारिओ लगातार चलत रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *