छपरा विश्वविद्यालय के कुलपति कोर्ट में आत्मसमर्पण कइले
-

गया में होखत एगो कार्यक्रम में भोजपुरी गायिका देवी का साथे गलत आचरण करे वाला कुलपति दिनेश प्रसाद सिन्हा आजु शुक का दिने गया के एगो अदालत में सरेण्डर कर दिहले जवना का बाद उनुकर जमानत याचिका मंजूर कर लिहल गइल. पिछला आठ फरवरी के बोधगया के एगो होटल में शादी समारोह का दौरान दिनेश प्रसाद सिन्हा गायिका का साथे कवनो बदचलन जइसन व्यवहार कइलन जवना के शिकायत देवी कर दिहली. ओकरा बाद मामिला तूल पकड़त चल गइल आ अब उनुका खिलाफ विधानपरिषद में एगो विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव विचाराधीन बा. छपरा में जब कुछ विद्यार्थी कुलपति के आचरण का खिलाफ धरना पर बइठले त गुण्डा से पिटाई करा दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts