छेड़खानी से आजिज आ के जान दे दिहलसि एगो लड़िकी

आजमगढ़ जिला के कप्तानगंज इलाका के एगो गांव के लड़िकी शुक का रात में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अपना सुसाइड नोट में ऊ गाँवे के तीन गो नवहियन पर छेड़खानी करे के अछरंग लगवले बिया. लिखले बिया कि शुक का दिने मेला देखे गइल रहुवे तबो ई लोग ओकरा से छेड़खानी कइलसि आ जब घर के लोग के बतवलसि त लोग ओकरे के डाँटे लागल. घर के लोग के कहना बा कि सुसाइड नोट पुलिस के दे दीहल गइल बा जबकि पुलिस के कहना बा कि ओकरा कवनो नोट नइखे मिलल. पुलिस मामला के जाँच के बात करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *