जमीन का झगड़ा में दू लोग के हत्या

सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के कोरड़ गांव मे काल्हु देर रात भइल जमीन के झगड़ा में दू लोग के मौत हो गइल.

पुलिस बतावत बिया कि कोरड़ के गौतम प्रसाद आ जगन्नाथ महतो के बीच जमीन ले के झगड़ा पहिलही से चलत आवत रहे. रात एही बात पर फेर गरमा गरमी का बाद मारपीट शुरु हो गइल आ सत्तर साल के जगन्नाथ महतो के लाठी से पीट के मुआ दिहल गइल.

घटना का बाद महतो के परिवार वाले दोसरा पक्ष के पैंतालिस साल के गौतम प्रसाद के धारदार हथियार से हत्या कर दिहले, दुनु ओर से केस लिखावल गइल बा. घटना का बाद से सगरी नामजद आरोपी फरार बाड़ें.

लाशन के पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments