जयाप्रदा अइली सिनेमा भोजपुरी में
-

हिंदी सिनेमा के जानल मानल अदाकारा जयाप्रदा अब भोजपुरी फिलिम में मनोज तिवारी संगे नजर आवेवाली बाड़ी. जयाप्रदा एह फिल्म के नायिका बाड़ी आ मनोज तिवारी नायक. निर्माण खुद जयाप्रदा करत बाड़ी. संगही संगे जया प्रदा के योजना पूरा तरह से मुंबई शिफ्ट करे के बा जहाँ ऊ एगो प्रोडक्शन हाउस खोलीहें. एह खातिर जुहू में एगो आफिस आ गोरेगांव में एगो फ्लैट खरीदिओ लिहले बाड़ी.

जयाप्रदा हिन्दी फिल्म बनावे खातिर बहुते उत्सुक बाड़ी आ कईएक निर्देशकन से एह बारे में बतियावतो बाड़ी. दिनकर कपूर के साइन कर लिहले बाड़ी जे फिल्म ‘बाजीगर’ में अब्बास-मस्तान के असिस्टेंट रहलें. फिल्म निर्माण के शुरूआत जयाप्रदा एगो भोजपुरी फिलिम बना के करीहें बाकिर ध्यान टिकल रही हिन्दी मार्केट पर. दिनकर कपूर दक्खिन भारत में साल 1993 में बनल सुपर हिट फिल्म ‘मातृ देवो भवा’ के रिमेक निर्देशित करीहें जवना में मनोज तिवारी आ खुद जयाप्रदा लीड रोल निबाही लोग. मनोज तिवारी बतवलें कि ऊ फिलिम में जयाप्रदा के शराबी पति के रोल करीहें जे बाद में अपना के सुधारे के कोशिश करत बा बाकिर तब ले बहुते देर हो चुकत बा. मनोज तिवारी पहिला बेर कवनो फिलिम में शराबी के रोल करीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts