‘जान तेरे नाम’ रिकार्ड बिजनेस कइलसि

भोजपुरी के टॉप निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद आ नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के हालही में रिलीज फिलिम ‘जान तेरे नाम’ पूरा बिहार में रिकार्ड बिजनेसे करत बिया. पहिलके हफ्ता में ई फिलिम बिहार से 60 लाख से अधिका बिटोरलसि. हाजीपुर, मोतीहारी, आरा, बक्सर, छपरा समेत दो दर्जन सेंटर के सगरी पुरान रिकार्ड ध्वस्त हो गइल बा.

रामाकांत प्रसाद एहसे पहिले भोजुपरी बॉक्स ऑफिस पर 8 गो सुपरहिट फिल्में दे चुकल बाड़न आ ‘‘जान तेरे नाम’’ उनुकर नउवीं हिट फिल्म हवे. ट्रेड पंडितन के कहना बा कि ‘जान तेरे नाम’ भोजपुरी के रिकार्ड व्यवसाय करे वाली फिलिम हो गइल. एहमें विराज भट्ट, तनु श्री आ प्रिया शर्मा वगैरह कलाकार काम कइले बाड़न


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।