जौनपुर में ग्राम प्रधान के चचेरा भाई के गोली मार के हत्या

(प्रतीक फोटो)


जौनपुर, 04 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के बदलापुर इलाका में बुध का राति बदमाश अंधाधुंध फायरिंग क के ग्राम प्रधान के चचेरा भाई के हत्या क दिहलें.
पुलिस के कहना बा कि प्रतापगढ़ जिला के आसपुर देवसरा इलाका के बरचौली गांव के प्रधान अशोक यादव के चचेरा भाई अखिलेश यादव (30 बरीस) बुध राति पौने नौ बजे अपना स्कार्पियो गाड़ी में बिरेन्द्र यादव आ अतुल यादव का साथे बदलापुर से जौनपुर का तरफ जात रहलें जब मिरसादपुर का लगे जौनपुर से बदलापुर ओर जात सफारी आ स्कार्पियो सवार बदामाश उनुका स्कार्पियो पर अंधाधुंध फायरिंग क दिहलें.
एह गोलीबारी मैं अखिलेश यादव के मौत हो गइल आ बीरेंद्र यादव घवाहिल हो गइलें. तिसरका भाई अतुल यादव भागके आपन जान बचा लिहलसि.
एह घटना से खिसियाइल लोग देर ले जौनपुर लखनऊ मार्ग के जाम क दीहल जवना के केहु तरह समुझा बुझा के पुलिस हटवलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..