झूठ पसारे वाली फैक्टरी के कारीगर जुबैर

टटका खबर, बुध, जेठ अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी
एल्टन्यूज का नाम से झूठ पसारे के फैक्टरी चलावे वाला मुहम्मद जुबैर का खिलाफ गाजियाबाद पुलिस मामिला दर्ज कइले बिया. एकरा बाद जुबैर आपन ऊ ट्वीट हटा दिहले बावे जवना में ऊ दावा कइले रहुवे कि गाजियाबाद में ऑटो से जात एगो बूढ़ मुसलमान से जय श्रीराम कहवावे खातिर कुछ हिन्दू ओकर पिटाई कइलें. जबकि असलियत ई रहे कि कुछ मुसलमाने नवही ओकरा के एह चलते पीटलें कि ओकरा बतावल तजबीज के उलुटा असर पड़ल रहुवे. बाकिर जुबैर ओह वीडियो से छेड़छाड़ क के अइसन देखवलसि जइसे ओकरा के हिन्दू नवही पीटत बाड़ें. एह तरह के खबर लपक के लेबे में मीडियो देर ना करे आ देखते देखत राहुलो बबुआ के ट्वीट आ गइल जवना में उहो हिन्दुवने पर दोष लगावत लउकलें. हालांकि तबले पुलिस मामिला के जानकारी उजागर कर चुकल रहुवे.
कांग्रेस के अध्यक्ष रहल आ अध्यक्षा के बेटा राहुल बबुआ के बयान के निंदा करत उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि सत्ता पावे का लालच में ऊ प्रदेश के जनता के अपमानित आ लांछित कइल छोड़ देसु आ इहे उऩुका ला बेहतर रही. योगी जी राहुल से इहो कहनी कि भगवान श्रीराम के पहिलका सीख रहल साँच बोले के जवन कि राहुल अपना जिनिगी में कबो कइले ना.
ओने पुलिस कार्रवाई का डर से मोहम्मद जुबैर सफाई दिहल शुरु कर दिहले बा कि जइसहीं ओकरा सचाई पता चलल ऊ आपन ट्वीट हटा दिहलसि.

बीसीसीआई साउथम्पटन के एजिस बॉल स्टेडियम में 18 जून का दिने खेलल जाए वाला आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फ़ाइनल खातिर आपन टीम के एलान कर दिहलसि. फाइनल मैच न्यूज़ीलैंड से खेले के बा. बीसीसीआई आपन आपत्ति जतवले बा कि आईसीसी के सख्त बायो बबल नियम ओकरे टीम पर लगावल गइल बा. कहले बा कि न्यूज़ीलैंड के टीम के खिलाड़ियन के गोल्फ कोर्स में जाए दीहल गइल बाकिर भारतीय खिलाड़ियन आ ओह लोग के परिवार के होटल का फ्लोरे तक रोक के राखल गइल बा.
आईसीसी के कहना बा कि बायो बबल के लँघले नइखन न्यूजीलैण्ड खिलाड़ी आ क्वारंटीन अवधि पूरा कर चुकल भारतो के खिलाड़ी अब बायो बबल का अगल बगल घूम सकेलें.

देश में पानी पर उतरे वाला हवाई जहाजन के सेवा देश के अउरी इलाकन में शुरु करावे खातिर काल्हु एगो समझौता नागरिक उड्डयन मंत्रालय अउर बंदरगाह, जहाजरानी आ जलमार्ग मंत्रालय का बीच हो गइल. एह पनिया हवाई जहाजन के उतरे खातिर नदियन आ जलाशयन में पनिया हवाई अड्डा बनावे आ चलावे के जिम्मेवारी जहाजरानी मंत्रालय करी. एह सेवा खातिर सी-प्लेन सेवा संचालकन के चुने के काम नागरिक उड्डयन मंत्रालय के जिम्मे होखी.

केंद्रीय सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्योग मंत्री नितिन गडकरी काल्हु कहलन कि अब सूक्ष्म, लघु आ मध्यम (एसएमई) उद्यमन के पंजीकरण सरल बना दीहल जाई आ एकरा ला बस आधार कार्ड आ पैन कार्ड के जरुरत पड़ी. पंजीकृत भइला का बाद एह उद्यमन के प्राथमिकता के आधार पर बैंकन से कर्जा मिल सकी.

कोरोना के घटत कहर आ कई राज्यन में अनलॉक के शुरुआत होखला से उछाह में आइल निवेशकन के लिवाली थथमे के नाम नइखे लेत. क्लमहु मंगलो का दिने शेयर बाजार नया ऊँचाई पर बन्द भइली सँ. सेंसेक्स 52773 अंक आ निफ्टी 15869 अंक पर बन्द भइल. आजु विदेशी बाजारन से मिलल जुलल संकेत आवत बा आ शेयर बाजार सपाट खुलला का बाद आजु कुछ करेक्शन कर सकेलें. बाकिर बहुते गिरे के अनेसा आजुओ नइखे लउकत. जानकारन के सलाह बा कि हर गिरावत पर खरीदल करीं. हालांकि कुछ लोग के इहो सलाह बा कि कुछ कुछ मुनाफा काटत हाथ में नकदी राखीं जवना से बड़हन गिरावट मिलला पर लिवाली करे में आसानी होखी.

0 Comments