टटका खबर, बुध, २८ अप्रैल

कटौती प्रस्ताव पर लउकल दगाबाज राजनीति के चेहरा

संसद में पेश विपक्ष के कटौती प्रस्ताव के विरोध में बसपा आ शिबू सोरेन के मत खुलमखुल्ला त राजद आ सपा के वहिर्गमन दगाबाज राजनीति के दुमुहाँ चेहरा देखवलसि. दुनु तरह के कदम के मकसद एके रहे, सरकार के समर्थन. शिबू सोरेन हो सकेला कि अब झारखण्ड में भाजपा के साथ छोड़ के कांग्रेस का साथे चल जास. सपा के अखिलेश कहले बाड़े कि सीबीआई का डर से मायावती कांग्रेस के समर्थन कइली.

मायावती का खिलाफ मुकदमा खतम हो सकेला

कटौती प्रस्ताव का खिलाफ मत दे के बसपा प्रमुख मायावती ई संकेत दे दिहली कि उनका खिलाफ आमदनी से बेसी के संपत्ति के मुकदमा खतम होखे के चाहीं. एकरा के ऊ आपन अधिकार बतवले बाड़ी. काहे कि मुकदमा भाजपा सरकार का समय शुरु भइल रहे जवना के संप्रग सरकार जारी रखले बा. अब शायद मुकदमा खतम कर दिहल जाई.

लालू के ठग बतवले नीतीश कुमार

कहलें कि फोटो खिंचवावे खातिर वामदल का साथे खड़ा होखे वाला लालू जनता के ठगे में लागल बाड़े. महँगाई का खिलाफ भारत बन्द में साथ देबेलें त दोसरा तरफ संप्रग सरकार के राहत देबे खातिर गैरहाजिर हो जाले. जनता उनकर ड्रामेबाजी बुझत बिया. वामपंथी दोस्त लोगो के सावधान रहे के चाहीं ना त लालू ओहुलोग के इमेज खराब कर दीहें.

टाइटलर के क्लिन चिट पर कोर्ट के मुहर

सिक्ख विरोधी दंगा में आरोपी रहल कांग्रेसी नेता जगदीश टाइटलर के बाद में सीबीआई नोर्दोष बता दिहले रहे जवना का खिलाफ मामिला कोर्ट में गइल रहे. अब कोर्टौ मान लिहलसि कि टाइटलर का खिलाफ कवनो सुबूत नइखे. एगो गवाह जवन बता सकत रहे कि मौकाये वारदात पर ऊ रहलें कि ना से मर चुकल बा. बाकी गवाह भरोसा करे लायक नइखन.

विपक्ष के भारत बन्द सफल रहल

दगाबाज राजनीति का चलते संसद में महँगाई का मुद्दा पर सरकार के घेरे के विपक्षी कोशिश नाकामयाब रहल बाकिर आम जनता महँगाई का मुद्दा पर भारत बन्द के सफल करा के देखा दिहलसि कि जनता के मूड का बा. पूर्वांचल समेत हर जगह बंद के व्यापक असर देखल गइल. कुछेक जगहा तोड़फोड़ आ आगजनीओ के खबर बा.

कूड़ेदान में मिलल तीन गो नवजात शिशुअन के लाश

बलिया का जगदीशपुर चौराहा पर नगरपालिका के कूड़ेदान में तीन गो नवजात शिशु के शव देख के ओहिजा भीड़ लाग गइल. बतावल जात बा कि नाजायज गर्भ गिरा के ओकर लाश जेने तेने फेंक दिहल जा रहल बा. ओह सड़क पर कई गो नर्सिंग होम मौजूद बा जहवाँ हर तरह के काम होखे ला. सीएमओ अब जाँच करे के बात कहले बाड़े.

बिहार के पूर्वमुख्यमंत्रियन के मिली आजीवन सुरक्षा

बिहार के सगरी मुख्यमंत्री, चाहे ऊ एक दिन रहल होखस चाहे कई बरिस, के अब भर जिनिगी सरकारी सुरक्षा मिलल करी. एह आशय के प्रस्ताव काल्हु बिहार विधानसभा में पारित कर दिहल गइल. हर पूर्वमुख्यमंत्री के ओही साइज आ सज्जा के आवास दिहल जाई जइसन मुख्यमंत्री के मिलेला. बस मरद मेहरारू दुनु मुख्यमंत्री रहल होखस त एके जने के मिली. आ अगर ऊ लोग तलाक ले लेव त?

प्रोत्साहन वापसी के समय आ गइल बा

रिजर्व बैंक कहले बा कि अब प्रोत्साहन वापसी के समय आ गइल बा. तात्कालिक रुप से ई फैसला विकास विरोधी नजर आ सकेला बाकिर मुद्रास्फीति बनल रहे त आर्थिक विकास के दीर्घकालिक नुकसान हो जाई. कहलन कि वापसी त पिछला अक्टूबरे से धीरे धीरे सुरु कर दिहल गइल बा. अब विदेशी पूंजी के आवको पर टैक्स लगावे पर विचार हो सकेला. अबहीं एह पर कवनो टैक्स नइखे.

करिया धन पता लगावे खातिर कवनो एजेन्सी ना बनावल जाई

करिया कमाई वालन के आश्वस्त करत केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी कहले बाड़न कि करिया धन के पता लगावे खातिर कवनो नया एजेन्सी बनावे के कवनो विचार सरकार के नइखे. जवन होखी तवन पुरनके संस्था से पुरनके तौर तरीका से.

आईपीएल तीन खतम हो गइल बाकिर आईपीएल विवाद चालू बा

आईपीएल के नयका कमिश्नर चिरायु अमीन कहले बाड़े कि आईपीएल चलत रही आ पहिले से बेहतर आ पारदर्शी तरीका से. एह पारदर्शिता के मतलब ई मत लगा लीं सभे कि चियर लीडर्स के ड्रेस पारदर्शी बना दिहल जाई. उल्टे मैच के बाद होखेवाली आईपीएल नाइट्स के जरुर खतम कर दिहल जाई. एह में शराब आ शबाब के दौर लेके काफी आलोचना होत आइल बा.

0 Comments