टटका खबर, मंगल, ११ मई

मर्सिडीज पर आठ फीसदी बाकिर ट्रैक्टर पर साढ़े बारह फीसदी

केन्द्र सरकार के नीतियन के आलोचना करत भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी कहले बाड़े कि सरकार सीबीआई के दर देखा के लालू, मुलायम, आ मायावती के मुखौटा बदले वाला नेता बना के रख दिहले बिया. ई लोग डर से सरकार का खिलाफ खड़ा नइखे हो पावत. खेती का बारे में केन्द्र के चिन्ता कतना सतही बा एही से मालूम हो जात बा कि मर्सिडीज खातिर कर्जा पर ललागे वाला ब्याज आठ फीसदी बा बा बाकिर ट्रैक्टर खातिर साढ़े बारह रुपिया सैकड़ा. जय हो!

झारखण्ड मसला भाजपा के गरदन में फँसल काँट हो गइल बा

भाजपा आजु झारखण्ड खातिर आपन मुख्यमंत्री चुने में लागल बिया. आपसी खींचतान अतना बा कि समुझ में नइखे आवत कि केकरा के नेता पद दिहल जाव. उपर से झामुमो के तरह तरह के माँग अलगे परेशान कर के रख दिहले बा. झामुमो के कहनाम बा कि बाकी बाचल ५६ महीना में २८ महीना भाजपा शासन कर लेव फेर बाकी २८ महीना ऊ झामुमो के दे देव. दोसर कहनाम ई बा कि भाजपा कवनो आदिवासीए के नेता चुने.

पिछलगुआ कहाये से बाचे खातिर भाजपा के जन नमन यात्रा

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना विकास यात्रा पर बाड़े. उप मुख्यमंत्री सुशीलो मोदी आपन विकास यात्रा निकालत रहेलें. अब भाजपा अध्यक्ष डा॰सी॰पी॰ठाकुर एलान कइले बाड़न कि ऊ जन नमन यात्रा पर निकलिहें. भाजपा में अन्दरखाने एह बात पर असंतोष बा कि लोग ओकरा के जदयू के पिछलगुआ माने लागल बा. डा॰ ठाकुर के कोशिश बा कि भाजपा बड़का पार्टी का रुप में उभरो.

यूपी में डेढ़ हजार डाक्टरन के बहाली

काल्हु लखनऊ में डेढ़ हजार नया डाक्टरन के नियुक्ति पत्र थमावल गइल आ बतावल गइल कि १००० नया पद सृजित भइला बा. साथ ही सरकार राज्य में नया नया मेडिकलकालेज खोलहू पर विचार कर रहल बिया. यूपी में बहुते कम मेडिकल कालेज बाड़ी सन. यूपी में २१ गो मेडिकल कालेज बा जबकि महाराष्ट्र में ४१ गो. राज्य में डाक्टरन के बहुते कमी बा आ जे बा ओहमें से आधा लोग अगिला दू साल में रिटायर हो जाये वाला बा.

महिला आरक्षण बिल तेलहंडा में

केन्द्र सरकार बचावे का गरज से कांग्रेस अपना विरोधियन से सौदाबाजी कर के महिला आरक्षण बिल के गतालखाता में डाल दिहलस. अब भविष्य में जब केन्द् में कवनो मजबूत सरकार आई तबे महिला आरक्षण बिल पास हो पाई.सीबीआई के डर देखा के, जाति आधारित जनगणना के माँग मान के केन्द्र सरकार लालू मुलायम आ मायावती जइसन नेतवन के अघोषित रुप से अपना पाला में ले आवे में सफल रहल बिया.

बिल गेट्स अइलें राहुल गाँधी के सहारा देबे

आजु मंगल का दिने अमेठी चहुँपल बिल गेटस कहले बाड़न कि ऊ अमेठी के आईटी हब बनावे में सहायता दिहन. पता ना मायावती से बतियवले बाड़न कि ना भा उनका राज्य के कार्यशैली से परिचित बाड़न कि ना. एह दौरा में बिल गेट्स का साथे राहुलो कई गो गाँवन के दौरा करीहें.

आमदनी से बेसी के संपति का मामिला में जयललिता के राहत ना मिलल

अपना खिलाफ आमदनी से बेसी के संपति राखे के मामिला में जयललिता सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले रही कि एह जाँच में शामिल अधिकारी एह खातिर सक्षम ना रहन. बाकिर कोर्ट के रुख देख के ओकरा फैसला से पहिले ऊ आपन दरखास्त वापिस ले लिहली आ याचिका खारिज हो गइल.

बेंगलुरु में होखी शशि थरुर आ सुनन्दा के सगाई

खबर उड़ल बा कि २७ जून के बेंगलुरु के फाइव स्टार रिजार्ट गोल्डन पाम्स में पूर्व मंत्री शशि थरुर सुनन्दा पुष्कर का साथे सगाई करीहें. पिछला महीना दुनु जने ओहिजा जा के ठहर चुकल बा लोग आ जगहा बहुत पसन्द आइल रहे ओह लोग के.

काल्हु के उछाल शेयर बाजार से पचल ना

आ आजु बाजार मुनाफा वसूली का नाम पर गिर गइल. आजु सबेरे बाजर जब खुलल तबे गिर के खुलल आ लगातार गिरत चल गइल. अन्त में २०५ अंक का गिरावट का साथ बाजार बन्द भइल.

बीस बीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप का सेमी फाइनल में चहुँपल भारत

श्रीलंका के टीम के ७१ अंक से हरा के भारत के टीम बीसबीसा विश्वकप का सेमी फाइनल में चहुँप गइल. बाकिर रउरा चउँकी मत. बात महिला टीम के हो रहल बा जे एह लेवल ले चहुँप गइल बा. धोनी के टीम त दुआ का भरोसे बा कि आजु होखे वाला मैच में श्रीलंका के हरा देव आ आस्ट्रेलिया वेस्ट इंडीज के हरा देब. तब कहीं रन रेट का आधार पर ओकरा सेमी फाइनल में जगह मिल पाई.

0 Comments