टटका खबर, शनिचर, १९ जून

पढ़ाई खातिर अब पूंजी के चिन्ता करे के जरुरत ना पड़ी

केन्द्र सरकार के पहल पर सगरी राज्य सरकारो सहमत हो गइल कि एगो नेशनल एजुकेशन फाइनेन्स कार्पोरेशन बनावल जाव जवन शिक्षा खातिर कम मात्र चार फीसदि ब्याज पर ऋण दी. वास्तविक ऋण त ओह विद्यार्थी के अगल बगल वाला बैंके से मिली जवना के एनईएफसी फाइनेन्स कर दी आ सरकारे पचहत्तर फीसदी लोन के गारण्टीओ ले ली. ई सब एह चलते संभव हो रहल बा कि अब सगरी डिग्री डिप्लोमा डिपाजिटरी में रही आ सबका के राष्ट्रीय पहचन संख्या दे दिहल जाई. एह से लिहल कर्जा हर हालत में चुकावहीं के पड़ी.

रेलवे भर्ती बोर्ड के प्रश्नपत्र घोटाला

रेलवे में बहाली खातिर होखे वाली परीक्षा में गड़बड़झाला आम आ पुरान बाति हऽ बाकिर अबले एह में छोटेमोट घोटालेबाज पकड़ात रहले ह सन. अबकी बेर मुंबई बोर्ड के चेयरमैन के बेटा समेत आठ जने के गिरफ्तार कइल गइल बा. चेयरमैन एसएस शर्मा के सस्पेण्ड कर दिहल गइल बा. एह लोग पर ६ जून आ १३ जून के भइल परीक्षा के प्रश्नपत्र बेचे के आरोप बा. गिरफ्तार लोगन का लगे से ४४४ गो अभ्यर्थियन के मूल प्रमाणपत्र मिलल बा. मूल प्रमाणपत्र एह खातिर राखल जाले कि जबले ऊ पइसा ना दी तबले बहाली ना पा सके.

यूपी में मेडिकल इन्टर्न के भत्ता बढ़ा दिहल गइल

पिछला कुछ दिन से आन्दोलनरत इन्टर्न के माँग पर विचार करत यूपी सरकार राज्य का एमबीबीएस, बीडीएस, बीएएमएस, बीयूएमएस कोर्स में इन्टर्नशिप का दौरान मिले वाला मासिक भत्ता बढ़ा के साढ़े सात हजार रुपिया कर दिहलस. अबले नवम्बर १९९८ में निर्धारित भत्ता १९५० रुपिया दिहल जात रहल हऽ. तब केन्द्र सरकार अपना इन्टर्न के २३४० रुपिया के मासिक भत्ता देत रहुवे. आजकल केन्द्र सरकार के भत्ता ८९०० रुपिया हो गइल बा.

भाजपा अपना तीन गो विधायकन के निलम्बित कइलस

हाल में भइल राज्यसभा चुनाव में पार्टी के निर्देश के उल्लंघन करके दोसरा के वोट देबे वाला बिहार के विधायकबनवारी लाल, उड़ीसा के भीमसेन चौधरी, आ झारखंड के रामचंद्र के निलम्बित कर दिहले बिया. पार्टी इहो कहले बिया कि राजस्थान में भाजपा उम्मीदवार के वोट देबे वाला सतरह गो कांग्रेसी विधायकन के अयोग्य करार दिहल जाव. ई त अजब प्रेम के गजब कहानी हो गइल. तहरे के वोट दिहलस तूही सजाय दिआवल चाहत बाड़, का लोचा बा इहो बताव भाई? ओने राजदो अपना दू गो विधायकन के क्रासवोटिंग करे खातिर पार्टी से निकाल दिहले बा.

शिक्षकन के रिटायरमेंट का उमिर पर केन्द्र आ राज्यन में असहमति

देश में शिक्षकन के भारी कमी देखत केन्द्र सरकार चाहत बिया कि ओह लोग के रिटायरमेंट के उमिर बढ़ा के ६५ साल कर दिहल जाव. केन्द्र अपना संस्थानन में एकरा के लागू कर दिहले बा बाकिर राज्य सरकारन के राय अएहसे अलग बा. ऊ लोग चाहत बा कि एकर फैसला राज्यसरकारने पर छोड़ दिहल जाव आ बिना एह शर्त के लदले केन्द्र आपन प्रस्तावित सहायता देव. केन्द्र सरकार के कहनाम बा कि अगर राज्य सरकार ई शर्त मान लेव त केन्द्र ८० फीसदी वेतन भत्ता दी. राज्य सरकारन के कहनाम बा कि शिक्षकन के रिटायरमेंट उमिर बढ़वला पर बाकियो विभागन के कर्मचारी इहे माँग करे लगीहे.

नक्सली समस्या के सशस्त्र संघर्ष का दायरा में ना राखल जा सके

संयुक्त राष्ट्र संघ अपना एगो रपट में नक्सली समस्या के सशस्त्र संघर्ष बतवले बा जवना पर भारत कड़ा आपत्ति दर्ज करवले बा. कहले बा कि नक्लसी हिंसा सबसे घिनाह आ निंदा करे लायक काम बा बाकिर संयुक्त राष्ट्र संघ भारत के रुख से सहमत नइखे. ओह रिपोर्ट में कहल गइल बा कि नक्सली अपना काम में छोट छोट लड़िकनो के शामिल करत बाड़े बाकिर कहतारे कि बच्चन के इस्तेमाल सूचना ले जावे ले आवे खातिर कइल जाले.

जस्टिस अहमदी के ट्रस्ट से हटावे के माँग

भोपाल त्रासदी का समय सुप्रीमकोर्ट के चीफ जस्टिस रहल जस्टिस अहमदी भोपाल दुर्घटना के मामूली सड़क दुर्घटना वाला कानून का दायरा में राखे के आदेश दिहले रहले. बाद में ओह पर दायर समीक्षो याचिका के ऊ खारिज कर दिहले रहले. अब ई बात सार्वजनिक चरचा में आ गइला का बाद उनका के भोपाल हास्पीटल ट्रस्ट के आजीवन अध्यक्ष पद से हटावे के माँग हो रहल बा. मध्यप्रदेश सरकार के एगो विशेषज्ञ कानूनी पैनलो एकर सलाह दिहले बा.

मंदिर के मूर्ति तूड़े का खिलाफ तनाव

गाजीपुर का करीमुद्दीनपुर इलाका में जगदीशपुर के रामजानकीमन्दिर में राखल मूर्ति तूड़ दिहल गइल बा. लोग के आरोप बा कि बगल के महेन्द गांव के अल्पसंख्यक आ के मूर्ति तूड़ले. ओह घरी गाँव का लोग एगो शादी में जुटल रहे. बाद में मन्दिर का लगे खेलत लड़िका आ के ई बात बतवले सँ. ओकरा बाद दुनु गाँव के लोग आमने सामने हो गइल आ दुनु ओर से ढेला पत्थर चले लागल.१४ आदमी घवाहिल हो गइल बाड़े. बाद में अगल बगल के पाँच गो थाना के पुलिस आ के हालात सम्हरलसि, दुनु तरफ से केसाकेसी भइल बा.

रिलायन्स के एजीएम का बाद ओकरा शेयर के भाव गिर गइल

रिलायन्स से निवेशक अतना उम्मेद लगवले राखेले कि जब ओकर एजीएम होखे वाला हो, जब ओकर वार्षिक लेखा जोखा आवे वाला हो तब ओकर दाम बढ़ जाले बाकिर जइसहीं सब कुछ सामने आ जाला तसहीं दाम गिरल शुरु हो जाले. ई बात शेयर बाजार के एगो दोसरो नियम बतावेला. दाम तबे बढ़ेला जब कवनो उम्मेद होखे. जसहीं उम्मीद पूरा हो जाला लोग के रुचि खतम हो जाला आ दाम गिरल शुरु हो जाला. भलही उम्मीद सही साबित भइल होखे.

फीफा वर्ल्ड कप के छठा दिन

काल्हु का मैच में अमेरिका आ स्लोवेनिया दूदू गोल से बराबरी पर रहले, इंगलैण्ड आ अल्जीरिया का मैच में कवनो गोल ना भइल, आ सर्बिया जर्मनी के एक शून्य से हरा दिहलसि. आजु का मैचन में हालैण्ड आ जापान का बीच, घाना आ आस्ट्रेलिया का बीच, आ कैमरुन आ डेनमार्क का बीच मैच होखे जा रहल बा.

0 Comments