टटका खबर, शनिचर, २४ जुलाई

बिहार सरकार के कोर्ट से राहत मिलल

कोषागारन से करीब साढ़े एगारह हजार करोड़ रुपिया के अनियमित निकासी का मामिला में सीबीआई से जाँच करवावे का अपना इरादा के पटना हाई कोर्ट कुछ समय खातिर मुल्तवी कर दिहले बिया. अब २६ जुलाई के सीबीआई के डायरेक्टर के कोर्ट जाये के जरुरत नइखे. बिहार सरकार कोर्ट में अरजी लगा के आपन बात कहत कोर्ट से अपना आदेश के बदले के निहोरा कइले रहुवे. हाई कोर्ट अबही ओह अरजी पर कवनो फैसला नइखे दिहले बाकिर तबले अपना पुरनका आदेश पर रोक लगा दिहले बिया.

जाँच दल के राय हाकी इण्डिया के महिला कोच कौशिक का खिलाफ

एगो महिला हाकी खिलाड़ी के लगावल यौन शोषण के आरोप में कोच कौशिक का खिलाफ पुलिस में मुकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. जाँच दल कौशिक के कुसूरवार मनले बा आ हॉकी इण्डिया तय कइले बा कि अब कौशिक के सेवा कबो ना लिहल जाई. पहिले कौशिक अपना के निर्दोष बतावत रहलें.

गुजरात के गृहमंत्री अमित शाह इस्तीफा दिहले

एगो तथाकथित आतंकी शोहराबुद्दीन के पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावे का मामिला में पुलिस पदाधिकारियन आ गुजरात सरकार के मंत्रियन के फँसावे के बाकायदा मुहिम चलावल जा रहल बा. मराइल शोहराबुद्दीन का लगे से गैरकानूनी हथियार बरामद भइल रहे बाकिर कुछ लोग ओकरा के बेकसूर साबित करे में जी जान से लागल बा. केन्द्रसरकार के हथियार का तरह इस्तेमाल होखे का आरोप वाली सीबीआई कहत बिया कि अमित शाह जाँच में बाधा डाले आ गवाहन के हड़कावे में लागल बाड़न.

रेल त केहू सम्हार ली ममता के के सम्हारी

कांग्रेस के राजनीतिक प्रबन्धन के बुझात नइखे कि ममता बनर्जी से पैदा होखे वाली समस्या के काट कइसे कइल जाव. अब ओह लोग कि पिछलका सरकार के वामपंथी कम नुकसानी याद आवत बाड़े. प्रकाश कराट के समुझावल हिसाबन आसान रहुवे बाकिर ममता के? कब कवना बाति पर छरिया जइहें मालुमे नइखे. उनका पर ना त भरोसा कइल जा सकेला ना त इहे तय कइल जा सकेला कि ऊ कांग्रेस का साथे बाड़ी कि ओकरा खिलाफ?

मिग २७ दुर्घटना में दू गो पायलट के मौत

पश्चिम बंगाल का जलपाईगुड़ी में एगो मिग २७ गिर पड़ल जवना से ओकर दूनो पायलट मर गइलें. जमीन पर बारह गो गाँवो वाला ओह दुर्घटना में घवाहिल हो गइलन जहवाँ ऊ जहाज गिरल. दुर्घटना का बारे में एहसे अधिका जानकारी नइखे दिहल गइल.

देवरिया में घाघरा में पाँच गो घर डूबल

देवरिया का बरहज इलाका में घाघरा का कटान से पाँच गो घर नदी का कटान में चल गइल. पानी खतरा का निशान से उपर बहत बा. तीन गो गाँव राप्ती आ घाघरा का पानी से घेरा गइल बा. गोपालगंज का उचकागाँव इलाका में दाहा नदी का उफान से कई जगहा बाँध में कटान शुरु हो गइल बा आ गाँव वाले दहशत में बाड़े.

नेपाल का चुनाव में प्रचण्ड फेर हार गइलन

नेपाल के प्रधानमंत्री के चुनाव खातिर शुक का दिने दूबारा वोट पड़ल बाकिर फेर केहू जीत ना सकल. प्रचण्ड के २४१ वोट मिलल जबकि रामचन्द्र पौडेल के १२३ वोट. नियम का मुताबिक ६०१ सदस्यी संविधान सभा के ३०१ वोट मिलला का बादे केहू जीत सकेला. एह चलते प्रचण्ड जीतियो के हार गइलन. उनकर हार अउरी खराव एह चलते कहल जाई कि दूइये साल पहिले ऊ बड़हन बहुमत से जीतल रहले.

जरदारी आ गिलानी के विदा कइला का बादे कियानी जइहन

पाकिस्तान के सेना प्रमुख जनरल कियानी के सेवाकाल में तीन साल के विस्तार कर दिहल गइल बा. पाकिस्तान का इतिहास में ई पहिला बेर भइल बा कि कवनो सेना प्रमुख के सेवाकाल राष्ट्रपति बढ़वले होखस. ऊ अपने से सत्ता पर काबिज हो के आपन सेवा काल बढ़ा लेव त अलग बाति बा. अब कयानी ऍसिफ जरदारी आ रजा गिलानी के सत्ता से गइला का बादे रिटायर होखीहन.

करजा ले के विकास कार्य करे का खिलाफ बाड़न प्रधानमंत्री

मनमोहन सिंह का राय में करजा लेके विकास योजना चलावल ठीक बात नइखे आ एकरा के जतना जल्दी हो सके बदले के जरुरत बा. ऊ नेशनल डेवलपमेंट काउन्सिल के संबोधित करत ई बाति कहले बाड़न. एगो दोसरा खबर में कहल गइल बा कि स्टेट बैंक अमेरिका में आप बान्ड बेच के एक बिलियन डालर बिटोर लिहले बा जवना से ओकर आधारभूत ताकत के पता लागत बा. दोसरा तरफ यूरोप के सात बैंकन के एह लायक नइखे पावल गइल कि ऊ दोसर मंदी झेल सकीहें.

खेल का दुनिया से

प्रीति जिंटा आ नसली वाडिया का खिलाफ गिरफ्तारी के बारण्ट जारी हो गइल बा काहे कि ऊ लोग पंजाब का एगो कोर्ट में तारीख पर हाजिर ना भइल लोग.

दुसरका टेस्ट में श्रीलंका अपना गेंदबाज मलिंगा के डाक्टर का सलाह पर ना उतारी. उनका जगहा दिल्हरा फर्नान्डो के उतारल जाई.

0 Comments