टटका खबर, शुक, १९ नवम्बर

कुर्सी का मोह में चुप बइठ के देश के लुटात देखत रहलें
ईमानदारी खातिर जानल जाये वाला प्रधानमंत्री गठबन्हन राजनीति के शिकार हो गइलें आ चुपचाप बइठ के देश के लुटात देखत रहलें. अब प्रधानमंत्री कार्यालय के कहना बा कि उनका लगे कवनो शिकायते ना रहे जवना पर कुछ करतें. या खुदा, कत्ल करते हैं और हाथ में तलवार भी नहीं ! कांग्रेस के मानना बा कि सुप्रीम कोर्ट में मामिला के सुनवाई में शामिल सरकार के प्रतिनिधि आपन काम ठीक से ना कइलें एही से प्रधानमंत्री के फजीहत हो रहल बा. मनमोहन सिंह के दुसरकी सरकार देश के सबसे भ्रष्ट सरकारन में गिनल जाई. एह सरकार में अइसन बड़हन बड़हन घोटाला भइल कि लालूओ के लाज लागत होखी ! आ सरकार हर घोटाला के बड़का नेता के साफ बचा ले जाये में लागल बिया. चाहे ऊ कलमाडी होखसु भा अशोक चह्वाण. दोसरा तरफ घोटाला पर जाँच के माँग करत संसद ना चले देबे खातिर अब भाजपा पर हमलावर होखे जा रहल बिया कांग्रेस. ओकरा लगे येदियुरप्पा के मामिला बा जवन कि अपना पूर्ववर्ती मुख्यमंत्रियन के देखा देखी जमीन आवंटन के घोटाला कर दिहलें. बाकिर ई कवनो बचाव ना हऽ. भाजपा के चाहीं कि येदियुरप्पा के हटा के कांग्रेस के मुँह बन्द कर देव.

बिहार चुनाव के प्रचार थमकल
बिहार विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान काल्हु होखे वाला बा एहसे काल्हु साँझ से प्रचार बन्द हो गइल. अब हर पार्टी के नेता कुछ दिन आराम कर के फेर रणनीति बनावे में जुटीहें. २६ तारीख के मतगणना होखे वाला बा आ ओह दिन मालूम हो जाई कि बिहार हारल कि जीत गइल. अगर जातिवाद, संप्रदायवाद ना चलल त बिहार जीत गइल आ अगर चल गइल त बिहार हार जाई. फेर बिहार के बचावल मुश्किल हो जाई.

जौनपुर में जहरीली शराब पियला से दू जने मरले
जौनपुर जिला के बकसा थाना इलाका के फतेहगंज बाजार में काल्हु सँझिया एगो सरकारी ठेका के शराब पियला से दू लोग के मौत हो गइल बा आ एक आदमी अस्पताल में भरती करावल गइल बा. जौनपुर के जिलाधिकारी मामिला के जाँच के आदेश दे दिहले बाड़े, दूकान के सील कर दिहल बा, आ लाइसेंसी के हिरासत में ले लिहल गइल बा.

सड़क दुर्घटना में सोरह लोग के मौत
बस्ती जिला के रुधौली थाना के दसिया चौराहा का निकट काल्हु फजीरे एगो बारात ले जा रहल जीप का पलटला से सात जने के मौत हो गइल आ चार जने गम्हीराह घवाहिल हो गइलें. जीप एगो ट्रक से टकरा गइल रहे. बरात जौनपुर के नगरा थाना के रहुवे. जौनपुर में दू गो अलग अलग दुर्घटना में तीन बच्चन के मौत हो गइल. बलिया में जीप पलटला से तीन लोग के मौत हो गइल आ एगारह जने घवाहिल हो गइलें. परसों सँझिया बरेली के फतेहगंज में दू गो मोटरसाइकिल के टक्कर में तीन जने के मौत हो गइल.

घर से भागल लड़की पकड़ाइल
आजु दुपहरिया बलिया के सहतवार से भागल एगो लड़की अपना प्रेमी का गलती से पकड़ में आ गइल. ओकरा के बलिया के एगो नर्सिंग होम में बोलवले रहे ऊ बाकिर लड़की गलती से दोसरा नर्सिंग होम चहुँप गइल. ओहिजा जब पुछताछ कइलस त नर्सिंग होम के कर्मचारियन के संदेह हो गइल. त ओकरा के रोक लिहलें. बहुत पुछला पर ऊ अपना घर के मोबाइल नम्बर दिहलसि त ओह मोबाइल नम्बर पर खबर कर के ओकरा घरवालन के बोलावल गइल. त ऊ आ के ले गइलें. लड़की घर से रुपया गहना ले के भागल रहुवे.

मारीशस के राष्ट्रपति के बिहार यात्रा
काल्हु बिहार दौरा पर आइल मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगन्नाथ काल्हु पटना के कई जगहा गइलन. खुदाबख्श लाइब्रेरी आ पटना संग्रहालय ओह में शामिल रहे. बाद में चेम्बर आफ कामर्स में व्यवसायियन के संबोधित करत कहलन कि सुन के निमन लागेला कि भारत आ चीन अब महाशक्ति बनीहें. भारत आ मारीशस के साझा संस्कृति के चरचा करत कहलें कि जबले मारीशस के अस्तित्व रही तबले ओहिजा हिन्दू धर्म आ संस्कृति जिन्दा रही.

नरेन्द्र मोदी के महान आ कुशल नेता बतवली लता जी
लता मंगेशकर ट्विटर पर ट्विट कइले बाड़ी कि नरेन्द्र मोदी बहुते महान आ कुशल नेता हउवें. उनका हाथ से मिलल “ताना रिरि” पुरस्कार पा के बहुते खुश बाड़ी लता मंगेशकर. ताना आ रिरि दू गो बहिन रहली आ दुनु महान गायिका रहली जा. कहल जाला कि एक बेर राग मल्हार गा के तानसेन के जान बचवले रहे ऊ लोग. ताना आ रिरि विद्यानगर के रहली जहाँ के नरेन्द्रो मोदी हउवें. अब एकरा बाद सेकुलर लोग उनकर आलोचना करे लागे त अचरज ना. अमिताभ बच्चन जब गुजरात के पर्यटन बढ़ावे खातिर ओकर ब्रांड अम्बेसडर बनलन त उनको खूब आलोचना भइल रहे.

0 Comments