टटका खबर, सोमार, १२ जुलाई

नाश्ता का मेज पर भोज के कड़ुवाहट मिटावल गइल

काल्हू बिहार प्रदेश भाजपा अध्यक्ष डा॰सी॰पी॰ठाकुर का घर पर नाश्ता का मेज पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, जदयू के प्रदेश अध्यक्ष विजय चौधरी आ भाजपा के अरुण जेटली, अनंत कुमार, सुशील मोदी, रविशंकर मिलल लोग त राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बईठका का समय नीतीश कुमार के भोज रद्द करे के कड़ुवाहट मिटावल गइल. तय भइल कि तू हमार दोष मत गिनइहऽ हम तोहार ना गिनाएब! अब भाजपा नरेन्द्र मोदी से प्रचार करवावे भा जदयू तस्लीमुद्दीन से केहू कुछ ना बोली.

शिवाजी पर लिखल किताब का खिलाफ बिया शिवसेना

मराठा प्रभुता के प्रतीक आ राष्ट्रगौरव छत्रपति शिवाजी महाराज पर लिखल अमेरिकन जेम्स लैने के किताब, शिवाजी ए हिन्दू किंग इन मुस्लिम इण्डिया, में शिवाजी महाराज का बारे में कुछ अनर्गल बात लिखे के आरोप बा जवना चलते महराष्ट्र सरकार ओकरा के प्रतिबन्धित कर दिहले रहुवे. बाकिर पहिले मुंबई हाईकोर्ट आ अब सुप्रीम कोर्ट ओह प्रतिबन्ध के हटावे के फैसला दिहले बा. शिवसेना कहले बिया कि ओह किताब के केहू के बेचे भा खरीदे ना दिहल जाई.

मोंटेक सिंह जवाब दिहलन कमलनाथ के

कमलनाथ कहले रहलन कि योजना आयोग कुर्सी पर बइठ के किताब लिखे वाला लोग से भरल बा जिनका जमीनी असलियत से कवनो वास्ता नइखे. कहलन कि किताब लिखल दोसर बात ह सड़क बनावल दोसर. जवाब में मोंटेक सिंह कहले बाड़न कि सड़क बनावल दोसर बात होला बाकिर ओकर हिसाब किताब रखले बिना रोड बनावे के अनुमति ना दिहल जा सके. सरकारी विभागन के हमेशा मौजूदा धन से बेसी के धन के जरुरत रहेला आ ओह पर रोक लगावे वाला के हू त चाहीं.

बड़का अस्पतालन पर कैंची चलवली सँ इंस्योरेंस कंपनी

देश में एगो सर्वे में देखल गइल कि कुछ बड़का अस्पताल अपना मरीजन से अतना फीस ले लेत बाड़न कि ओकरा बाद खातिर कुछ बचते नइखे. मेडिक्लेम के अस्सी फीसदी धन एगारह फीसदी अस्पताल ले लेत बाड़न. बातचीत से कवनो फायदा ना मिलल त इंस्योरेंस कंपनी अब पहली जुलाई से अपोलो, फोर्टिस, गंगाराम, मैक्स, आ मेडिसिटी जइसन अस्पतालन में मरीजन के मिले वाला कैशलेस सेवा बन्द करा दिहले. अब पहिले अपना पाकिट से फीस भरी, बाद में क्लेम करी, मिल गइल त वाहवाह, ना मिलल त आह आह!

दू दिन पहिले के बिहार बन्द का दौरान जंगलराज के झलकी मिलल

सत्ता से दूर रहला से उपजल बेचैनी का चलते राजद आ लोजपा अपना बिहार बन्द का दौरान आपन जंगलीपन खूब देखवले. कई जगहा हिंसक झड़प भइल, लाठी का बल पर दोकान बन्द करावल गइल. लोग के फेर से ऊ दिन याद आ गइल जब बिहार में जंगलराज चलत रहे. गुण्डा लफाड़ियन के पूरा छूट रहे कि जतना लूटे के बा लूट ल स.

भारत के दिहल जाये वाला सहायता राशि में इंगलैण्ड कटौती कइलस

अपने गील आटा से परेशान इंगलैण्ड के सरकार पर दबाव बा कि ऊ विदेश के देबे वाला सहायता राशि में कटौती करो. मजबूरन प्रधानमंत्री डेविड कैमरुन भारत के मिले वाला सालाना अढ़ाई सौ मिलियन पाउण्ड के सहायता राशि में कटौती करे के फैसला ले लिहले बाड़े. इंगलैण्ड एहू खातिर चिन्तित बा कि भारत में सहायता का धन से चले वाली योजना में जम के लूट चलेला. कहले बा कि ओह तरह के योजना खातिर धन ना दिहल जाई.

काश्मीर घाटी से कर्फ्यू हटावल गइल

कुछ दिन से शान्ति बनल रहला का बाद काश्मीर में लगावल कर्फ्यू हर जगह से हटा लिहल गइल बा. अब खालि धारा १४४ के प्रतिब्ध लागू बा. आजु काश्मीर में सर्वदलीय बइठक हो रहल बा जवना में पीडीपी शामिल नइखे. प्रधानमंत्री के कहलो पर महबूबा एह खातिर तइयार ना भइली.

पाकिस्तानी प्रेसिडेण्ट जरदारी हमलावरन के ना सँउपिहन

पाकिस्तान के प्रेसिडेण्ट जरदारी कहले बाड़न कि मुंबई हमला के षडयंत्रकारियन के हिन्दुस्तान के ना सँउपल जा सके काहे कि ओकरा साथे पाकिस्तान के कवनो प्रत्यार्पण संधि नइखे. एगो कारण अउरी बा जवना के ऊ बतवलन ना. ऊ कारण बा कि जरदारी के अतना औकाते नइखे कि ऊ आतंकियन का खिलाफ कुछ कर सकस..

पूर्वांचल में मानसून चहुँपिये गइल

शुक का देर साँझ बलिया के कुछ इलाकन में बरखा भइला के खबर रहे. शनिचर से करीब करीब पूरा पू्वांचल में बरखा होखे लागल बा. तबहियो मानसून कमजोरे कहल जाई.

खेल का दुनिया से

फीफा वर्ल्ड कप में आक्टोपस पॉल बाबा के वाहवाही हो गइल जब उनकर भविष्यवाणी सही साबित हो गइल आ स्पेन एक गोल से जीत गइल. सिंगापुर के मनी तोता गलत साबित हो गइल.

0 Comments