टटका खबर १४ मार्च

बेतिया डाकघर में हेराफेरी

प॰चम्पारण जिला के बेतिया प्रधान डाकघर में लाखो रुपिया के हेराफेरी के मामिला पकड़ाइल बा जवना में डाकघर के कुछ कर्मचारी शामिल रहले. एह घपला के जाँच करे के जिम्मेदारी ओही डाकघर के पोस्टमास्टर के दिहल गइल बा.

पटना में एगो अउरी मेडिकल कॉलेज
केन्द्र सरकार अपना कर्मचारी राज्य बीमा निगम के तहत देश में पन्द्रह गो नया मेडिकल कॉलेज खोले जा रहल बिया जवना में से एगो बिहार के पटना में खोलल जाई. पटना में पटना मेडिकल कॉलेज, नालन्दा मेडिकल कॉलेज पहिले से बा आ इन्दिरा गाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान के मेडिकल कॉलेज में बदलल जा रहल बा. ईएसआईसी के मेडिकल कालेज पटना के चउथा मेडिकल कॉलेज होखी.

केसरिया में नक्सल पुलिस भिड़न्त
पूर्वी चम्पारण जिला के केसरिया इलाका में काल्हु अतवार से शुरु पुलिस नक्सली भिड़न्त आजु सोमार का सबेरे खतम भइल. एह मुठभेड़ में छह गो नक्सली मरइलन सँ आ छह गो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. मुठभेड़ बारह घंटा से बेसी चलल. तीन गो सिपाहियो घवाहिल भइल बाड़े.

यूपी में पिछला साल का मुकाबिला बेसी बिजली
बतावल जा रहल बा कि यूपी के पावर कार्पोरेशन एह साल गर्मी का दौरान पिछला साल का मुकाबिले बीस फीसदी बिजली सप्लाई करे जा रहल बा. एह खातिर कई गो कंपनी से कुल मिला के छह सौ मेगावाट बिजली खरीद के अनुबंध कइल गइल बा. अनपरा सी से छह सौ मेगावाट वाला एगो ईकाई जल्दिये बिजली बनावल शुरु कर दी.

दिल्ली के पानी बन्द करे के धमकी
पिछला दस दिन से जाट समुदाय नौकरी में आरक्षण के माँग करत आन्दोलन कर रहल बा. आ एह खातिर रेलवे लाइन पर धरना दिहल जा रहल बा. अब धमकी दिहले बा लोग कि अगर केन्द्र सरकार माँग ना मनलसि त दिल्ली के पानी सप्लाई बन्द कर दिहल जाई. विधायकन आ सांसदनो के घेराव करे के योजना बन रहल बा.

गोरखपुर में पी.ए.सी. आ विद्यार्थियन में झड़प

गोरखपुर के दीनदयाल विश्वविद्यालय के छात्रावास में पिछला साल से कैम्प कइले पीएसी के जवानन का साथे विद्यार्थियन के झगड़ा हो गइल. पीएसी वाले विद्यार्थिन के पिटाई कर दिहलन जवना का बाद विद्यार्थी सड़क जाम कर दिहलन. बाद में पीएसी के कैम्प ओहिजा से हटा दिहल गइल बा. कुलपति पीएसी जवानन का व्यवहार पर नाराजगी जतवले बाड़न.

0 Comments