टटका खबर

(सोमार, 5 दिसंबर)

  • अहमदाबाद एकदिना में भारत टॉस जीत के गेंदबाजी करे के फैसला कइलसि.
  • एशियाई टूर के दिग्गज ली वेस्टवुड अगिला हफ्ता शुरू होखे जात थाईलैंड ओपन गोल्फ टूर्नामेंट में जीत का साथे एह साल के तिसरका खिताब अपना नामे कइल चहीहन.
  • पाकिस्तानी प्रधानमंत्री गिलानी के कहना बा कि पाकिस्तान अमेरिका आ नाटो का साथ आपन रिश्ता पर फेर से सोच विचार करी. पिछला दिने नाटो के हवाई हमला में पाकिस्तानी सेना के चौबीस गो जवान मरा गइल रहलें. अमेरिका के कहना बा कि पाकिस्तानी अधिकारियन से हमला करे के पहिले पूछल गइल रहे आ ऊ लोग हुँकारी भर दिहले रहुवे. पाकिस्तान के कहना बा कि ओकरा के गलत जानकारी दिहल गइल रहुवे. काल्हु बराक ओबामा जरदारी से फोन पर सैनिकन के मरइला पर अफसोस जतवलन बाकिर एह हमला खातिर माफी ना मँगलन. पाकिस्तान के कहना बा कि नाटो एह हमला के निंदा करो जेहसे अइसन घटना फेर मत दुहरावल जाव.
  • चैम्पियन गोल्फ खिलाड़ी टाइगर वुड्स दू साल बाद कवनो खिताब अपना नामे कइलन जब ऊ चेवरान वर्ल्ड चैलेंज गोल्फ टूर्नामेंट जीत लिहलन.
  • किशनजी के मरइला पर विरोध जतावे खातिर नक्सली अपना दू दिन के बंद का दौरान फेर झारखण्ड में रेल पटरी उड़ा दिहले,
  • ब्रिटेन के लागत बा कि ओकरा किहाँ से विज्ञान, गणित अउर इंजीनियरिंग के पढ़ाई कर के अपना देशे लवटि जाये वाला विद्यार्थियन से ब्रिटेन के निर्माण उद्योग के नुकसान हो सकेला.
  • ओडिशा में रेत से मूर्ति बनावे वाला कलाकार सुदर्शन पटनायक सोमार का दिने सदाबहार अभिनेता देव आनंद के बड़हन मूर्ति बना के आपन खास श्रद्धांजलि दिहलन.
  • रूस में भइल हाल का चुनाव में पुतिन के पार्टी के तगड़ा झटका लागल बा आ संसद में उनुकर समर्थन पहिले से कम हो गइल बा.
  • अमेरिका के मैक्फर्सन स्क्वेयर से ‘ऑक्यूपाइ डीसी’ के 31 गो प्रदर्शनकारियन के गिरफ्तारी का बाद पुलिस आ प्रदर्शनकारियन के बीच के गतिरोध खतम हो गइल.
  • ‘जोधा अकबर’, ‘दिल्ली-6’, ‘बंटी और बबली’, ‘गजनी’, ‘यमला पगला दीवाना’ जइसन सफलत फिलिमन में गीत गावे वाला बॉलीवुड पार्श्व गायक जावेद अली के कहना बा कि सूफी संगीत से गावे आ सुने वाला दुनु के सुकून मिलेला.
  • कश्मीर में पड़त कड़ाका के ठंड का चलते स्कूल बंद कर दिहल गइल बाड़ी सँ. लद्दाख में पारा शून्य से 11.4 डिग्री सेल्सियस नीचे आ गइल बा.
  • आंध्र प्रदेश विधानसभा में आजु सोमार का दिने अविश्वास प्रस्ताव पर चर्चा शुरू हो गइल.
  • लखीमपुर खीरी में सोमार का दिने एगो बिना पहरेदार के रेलवे क्रासिंग पार करत एगो कार के रेलगाड़ी से टक्कर हो घइल जवना चलते दू आदमी मर गइलन आ दू जने घवाहिल हो गइले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।