- उत्तर प्रदेश में सत्ता चलावत समाजवादी पार्टी महाराष्ट्र आ हरियाणा विधानसभा चुनाव में हाजिरी लगावत महाराष्ट्र में 24 गो आ हरियाणा में 39 गो विधानसभा सीट पर आपन उम्मीदवार उतरलसि.
- झारखंड के मंत्री रहल फरार चलत कांग्रेसी नेता योगेंद्र साव के नई दिल्ली में गिरफ्तार क लिहल गइल. उनका पर नक्सलियन से साँठगाँठ राखे के आरोप बा.
- आजमगढ़ के खम्हौली गाँव में पुलिसया तांडव, पाँच सौ लोग पर मुकदमा दर्ज क के गिरफ्तारी खातिर छापा, आ परिवार संगे बदसलूकी.
- संत रविदास नगर के नाम फेरू भदोही क दिहलसि यूपी सरकार. बतावल जात बा कि कालीन व्यवसायियन का कहला पर अइसन कइल गइल,
- पिकअप वान बलिया के तिखमपुर पालिटेकनिक तिराहा पर खंभा से टकराइल, ड्राइवर समेत दू जने के मौत, तीन जने घाहिल.
0 Comments