टटको में टटका खबर : 22 अक्टूबर 2014, बुध
केंद्रीय स्‍वास्‍थ्‍य आ परिवार कल्‍याण मंत्री डॉ.हर्षवर्धन 22 अक्‍टूबर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में मॉलदीव के रक्षा आ राष्‍ट्रीय सुरक्षा मंत्री मोहम्‍मद नाजिम संगे.

केंद्रीय स्‍वास्‍थ्‍य आ परिवार कल्‍याण मंत्री डॉ.हर्षवर्धन 22 अक्‍टूबर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में मॉलदीव के रक्षा आ राष्‍ट्रीय सुरक्षा मंत्री मोहम्‍मद नाजिम संगे.

  • कनाडा के राजधानी ओट्टावा में आजु संसद का नियरा भइल गोलीबारी में एगो सैनिक घवाहिल हो गइल. ओह बेरा कनाडा के प्रधानमंत्री स्टीफन हार्पर संसद में मौजूद रहले.
  • सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयंती 31 अक्टूबर के केन्द्र सरकार राष्ट्रीय एकता दिवस का रूप में मनाई.
  • वित्त मंत्री अरूण जेटली आजु फेर इशारे इशारा में एगो टीवी चैनल से कह दिहलन कि विदेश में कालाधन रखे वालन में पिछला सरकार के एगो मंत्रियो के नाम शामिल बा. कांग्रेस के कहना बा कि जेटली ओकरा के ब्लैकमेल मत करसु. जवन बतावे के बा पूरा बता देस.
  • गोपालगंज जिला के बरौली थाना के पेटबिरौचा गांव में आजु जमीन का झगड़ा में एगो आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल.
  • काल्हु दिवाली का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जम्मू कश्मीर के बाढ़ पीड़ितन का संगे बितइहें. काल्हु श्रीनगर में उनकर अनेके कार्यक्रम बा. ओने कांग्रेस के कहना बा कि एह मौका के इस्तेमाल वोट बनावे खातिर मत करसु मोदी.
  • विदेशी बाजारन के मजबूत रूझान आ घरेलू लिवाली का बल पर मुंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स लगातार चउथको दिने चढ़ के बंद भइल.
  • भदोही के एगो कालीन कारखाना में छापा मार के दू दर्जन बंधुआ बाल मजदूरन के आजाद करावल गइल.
  • आजु बुध का दिने सारधा घोटाला मामला में सीबीआई पहिलका चार्ज शीट दाखिल कर दिहलसि. एहमें सुदीप्त सेन, देबजानी मुखर्जी आ तृणमूल कांग्रेस के निलंबित सांसद कुणाल घोष के नामजद कइल गइल बा.
  • अखिलेश सिंह यादव के चाचा आ सपा के महासचिव रामगोपाल यादव सकरलन कि अधिकारियन के काम करे का तरीका का चलते यूपी के कानून-व्यवस्था खराब हो गइल बा.
  • भाजपा से संबंध फेरू बहाल करे खातिर आ महाराष्ट्र के नयकी सरकार में शामिल होखे के संभावना टटोले ला दिल्ली गइल शिवसेना के नेता सुभाष देसाई आ अनिल देसाई वापिस लवटि अइले काहे कि ओहिजा भाजपा के नेता लोग से भेंट ना हो पावल.
  • कोयला ब्लॉक के ई-नीलामी करे के सरकार के फैसले के आलोचना करत मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी कहलसि कि सरकारी कंपनी कोल इंडिया के देश के सगरी खान के जिम्मा दे देबे के चाही.
  • सीबीआई आजु रेलवे बोर्ड के एगो सीनियर अधिकारी के गिरफ्तार क लिहलसि. एह अधिकारी पर आरोप बा कि ऊ पर्यटन खातिर विशेष रेलगाड़ियन के चलावे आ रेलगाड़ियन में अतिरिक्त डिब्बा जोड़े ला मुंबई के एगो टूर-ऑपरेटर से रिश्वत लिहलसि.
  • भारत फेरू दोहरवलसि कि परमाणु हथियार के पहिला इस्तेमाल ना करी ना ही कबो परमाणु हथियार ना राखे वाला देश पर परमाणु हमला करी बाकिर कवनो हाल में परमाणु अप्रसार संधि पर हस्ताक्षरो ना करी.
  • गोरखपुर के सहजनवा टीसन का लगे पटाखा के गैरकानूनी दुकान में आग लगला का चलते नाहियो त 27 गो दुकान जर के राख हो गइली स. गनीमत बा कि केहु के जान ना गइल.
  • गोण्डा जिला के तरबगंज इलाका में काल्हु रात बिजली के तार टूट के गिरला का चलते एगो लड़िका के करंट लगला से मौत हो गइल.
  • अंतर्राष्ट्रीय मुक्केबाजी संघ भारत के महिला मुक्केबाज सरिता देवी आ उनका प्रशिक्षक गुरबख्श सिंह संधू, ब्लास इग्लेसियस फर्नाडीज आ सागर मल धयाल पर अस्थायी प्रतिबंध लगवलसि. इंचियोन एशियाई खेल का दौरान बेइमानी के विरोध करत सरिता देवी पदक लेबे से मना क दिहले रही.
  • पिछला हप्ता रुस से खरीदाइल सुखोई -30 लड़ाकू विमान के पुणे का लगे गिरला का बाद से वायुसेना एहनी के उड़ावे पर फिलहाल रोक लगा दिहेल बिया.
  • सिवान जिला के हसनपुर प्रखंड के एगो गाँव में काल्हु मंगल के देर रात एगो घर में डकैती डाल के भागत एगो डकैत के गाँव वाले ध लिहले आ पीट पीट के हालत खराब क दिहले. आजु बुध का दिने अस्पताल में ओकर मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश में विरासत के झगड़ा में मिर्जापुर से अपना दल के सांसद अनुप्रिया पटेल आ उनकर बड़ बहिन पल्लवी पटेल एक दोसरा से अझूरा गइल बा लोग.
  • गोपालगंज जिला के थावे इलाका के पिठौरी गांव में आज घरौंदा बनावे खातिर माटी खोनत दू गो बच्ची माटी में दबा के मर गइली सँ.
  • रोहतास जिला के दरिगांव थाना के बेलहर गांव में आजु जमीन के झगड़ा ले के बड़ भाई गड़ाँसी से अपना छोट भाई के हत्या कर दिहलसि.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


0 Comments