टाईगर के दहाड़ अब यूपी में

Tiger-Praveshसिनेमा भोजपुरी के स्टार प्रवेशलाल यादव के फिलिम ‘टाईगर’ पिछला शुक के यू०पी० में रिलीज भइल त वाराणसी आ गोरखपुर में रिकार्ड ओपनिंग लिहलसि. एह फिलिम में प्रवेश के शानदार एक्शन स्टंटस् दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा. निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के बैनर तर बनल एह फिलिम में प्रवेश के जोड़ी शुभी शर्मा संगे जमल बा. साथही मनोज टाईगर, तेज सिंह, समर्थ चर्तुवेदी आ अवधेशो मिश्रा के भूमिका मजगर बाड़ी सँ.

बतावे जोग बा कि ‘टाईगर’ बिहार में पहिलही सफलता के झंडा गाड़ चुकल बावे.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *