टोरोंटो में परफार्म करीहें पाखी हेगड़े

Pakhiसिनेमा भोजपुरी के अव्वल अदाकारा पाखी हेगड़े टोरोंटो में आयोजित होखे वाला अंतराष्ट्रीय फैशन फेस्टीवल में खास नृत्य कार्यक्रम परोसीहें. दुनिया में मशहूर एह शो में पाखी रैम्प वॉको करीहें.

जान जाईं कि एह शो में विक्रम फडंनिस समेत पाकिस्तान आ कई अउर देशन के डिजाइनर आ मॉडल शामिल होखीहें. याद करीं कि पाखी के फिलिम ‘‘वूमेन फ्रौम द ईस्ट’’ के शो टोरोंटो में कइल गइल रहे त फिलिम देख के ओहिजा के दर्शक ढेर देर ले खड़ा हो के ताली बजवले रहलें.

फैशन शो में शामिल होखे जात पाखी हेगडे अपना परफार्मेन्स लेके बहुते उत्साहित बाड़ी आ कहत बाड़ी कि टोरंटो जा के ओहिजा के लोगन के धन्यवाद दीहें जे लोग उनुका फिलिम के ओतना प्यार दिहले रहल.


(प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..