‘‘ट्रक ड्राईवर’’ गरदा उड़वले बा

भोजपुरी के सुपरहिट निर्देषक राजकुमार आर0 पाण्डेय के ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ बिहार में गरदा उड़वले बा. भोजपुरिया परदा पर हिट पर हिट फिलिम देबे खातिर मशहूर राजकुमार पाण्डेय के ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ बिहार के 25 से बेसी सिनेमा घरन में रिकार्ड तोड़ कलेक्शन बटोरत बा. लालंगंज के शकुंतला टॉकिज में पहिला दिने 38,000/- रू0, महुआ के आम्रपाली में 20,000/- रू0, साहबगंज के राजेश में 18,000/- के रिकार्ड कलेक्शन एह फिल्म के मिलल.

सुपरस्टार पवन सिंह ‘‘ट्रक ड्राईवर’’ के टाईटल भूमिका में बाड़न. खलासी का भूमिका में नयका स्टार प्रदीप पाण्डेय आ बतौर नायिका तीन गो हीरोइन हॉट अभिनेत्री अंजना सिंह, रीतिका शर्मा आ काजल राघवानी बाड़ी एह फिल्म में. एकरा अलावे आलोक यादव आ संजय पाण्डे ओ के भूमिका बा.

बिहार में एकरा के मशहूर वितरक संजय पंजियार प्रदर्शित कइले बाड़न.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।