ट्रक से नाजायज वसूली का आरोप में चार गो पुलिसकर्मी निलंबित


छपरा 29 मार्च (वार्ता). सारण जिला के दरियापुर इलाका में बालू लदाइल ट्रकन से नाजायज वसूली करत में धराइल पुलिस अवर निरीक्षक (एएसआई) समेत चार गो पुलिसकर्मियन के बियफे का दिने निलंबित कर दीहल गइल.
पुलिस अधीक्षक हरकिशोर राय बतवलन कि आजु सबेरे ऊ अचके में निरीक्षण करे निकल गइलन ई दरियापुर थाना के एगो एएसआई आ सैप के तीन गो जवानन के बालू लदले ट्रकन से नाजायज वसूली करत ध लिहलन.
एसपी बतवलें कि एकरा बाद फटाफट कार्रवाई करत एएसआई अजय कुमार सिंह आ सैप के तीनों जवानन – लाल बाबू सिंह, सविंद्र राम, आ राजीव नयन ओझा – के निलंबित कर दिहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..