ट्रैक्टर ट्राली पलटला से गाजीपुर में दू आदमी मरल

गाजीपुर के सदर कोतवाली इलाका मे एगो भूसा लदाइल ट्रैक्टर ट्राली पलटला का चलते आजु दू जने के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
पुलिस बतवलसकि कि बंजारीपुर गांव का लगे एगो भूसा लदाइल ट्राली धर्मकांटा से वजन करा के लवटत रहुवे जब कासिमाबाद के ब्लाक प्रमुख रामायण यादव के वाहन से टक्कर लगला का बाद ट्रैक्टर ट्राली बेकाबू हो के पलट गइल. ओह पर सवार दू आदमी के मौत ओहिजे हो गइल जबाकि ब्लाक प्रमुख रामायण यादव घवाहिल हो गइल बाड़े.
जिला अस्पताल मे इलाज का बाद ब्लाक प्रमुख घरे आ गइल बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..