ठग्स ऑफ हिंदोस्तान के कमाई में लगातार गिरावट

बॉलीवुड स्टार आमिर खान आ बिगबी अमिताभ बच्चन के जोड़ी आ 100 करोड़ से अधिका के कमाई करे वाली फिलिमन का सूची में शामिल भइला का बावजूद ठग्स ऑफ हिंदोस्तान के कमाई लगातर घटल जात बा.

यशराज बैनर तर बनल हिन्दी, तमिल, आ तेलुगू में बनावल गइल ई फिलिम ठग्स ऑफ हिंदोस्तान दिवाली का अगिला दिने आठ नवंबर के रिलीज भइल. नयका रणनीति का तहत एकरा के एके साथ 5000 से बेसी स्क्रीन पर रिलीज कइल गइल बा. एह रणनीति से फायदा ई होला कि जब ले फिलिम के हवा बिगड़े तबले अघिका से अघिका कमाई कर लीहल जाव आ एकर फायदा एहू फिलिम के मिलिए गइल.

पहिला दिने शुक के ठग्स ऑफ हिंदोस्तान 50 करोड़ रुपिया से बेसी कमइलसि बाकिर अगिला दिने शनिचर के एकर कमाई घट के सवा अठाइस करोड़ आ तिसरका दिने अतवार के छुट्टी होखला का बावजूद पौने तेइस करोड़ रहि गइल. एह रफ्तार से पहिलके हफ्ता बीतत बीतत ई अपना ओकात पर आ जाई.

एह साल रिलीज भइल फिल्मन में से सौ करोड़ से बेसी कमाई करे वाली फिलिम रहली सँ पद्मावत, सोनू के टीटू की स्वीटी, रेड, बागी 2, राजी, रेस 3, संजू , गोल्ड, स्त्री, आ बधाई शामिल बाड़ी सँ.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..