डी जे वाला भाई करऽ वॉल्यूम हाई
-

Deviएक बेर फेर संगीतकार दामोदर राव के संगीत धूम मचवले बिया. वेव म्यूजिक से रिलीज भोजपुरी के मशहूर फोक गायिका देवी के गावल गीतन के भोजपुरी एल्बम ‘ए डी जे वाला भाई करा वाॅल्यूम हाई’ बिहार आ यू पी में धूम मचा दिहले बावे. हर डी जे, शादी, बिआह आ ऑर्केस्ट्रा में ई गीत बाजत बा.

एह एल्बम में सात गो गीत बा जवना के लिखले बाड़न संतोष पूरी, हरिश्चन्द्र, आ चन्द्र भूषण. संगीत दामोदर राव के ह.

गायिका देवी के अगिला एल्बम काँवर भजन के संगीतो दामोदर राव दिहले बाड़न आ गीतकार हउवें हरिश्चंद्र आ पिंटू गिरी. एह एल्बम के नाम ह ‘डी जे वाला भाई गाना भोला के बजाईं’. इहो एल्बम वेव म्यूजिके से आवत बा आ उमेद बा कि इहो सभके पसंद आई.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts