तन तुलसी मन गंगा के शूभमुहुर्त
-

डैडी मम्मी इन्टरटेनमेंट के प्रस्तुति आ निर्माता जयप्रकाश चौधरी आ सह निर्माता एमएम राजपूत के पहिलका भोजपुरी फिल्म तन तुलसी मन गंगा के शूभमुहुर्त पिछला दिने एम फोर यू रिकार्डिंग सेण्टर, लोखंडवाला में मनसे उपाध्यक्ष डा॰ वागीश सारस्वत का हाथ से नारियल फोड़वा के करावल गइल. एकरा बाद पार्श्वगायक उदित नारायण का आवाज में विनय बिहारी के लिखल गीत आ अजित अकेला का आवाज में विशुद्धानन्द तिवारी के लिखल गीत रिकार्ड करावल गइल. संगीतकार रहलें संजीव राणा. फिल्म के निर्देशन देवेन्द्र पथिक हउवें.
Muhurt of Tan Tulsi Man Ganga
एह मोका पर रेखा सुबोधकान्त सहाय, यात्री थियेटर ग्रुप के अध्यक्ष नितीन राय, युवा राजद अध्यक्ष अकबर अली खान, अभिनेता लिलीपुट, पंकज केसरी, अभय कुमार, धर्मेन्द्र खरवार, अभिनेत्री गुंजन कपूर आ निर्माता विमल झा समेत फिल्म प्रचारक उदय भगत आ कपिलदेव खरवार मौजूद रहलें


(स्रोत : कपिलदेव खरवार)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts