तीने दिन में जरि गइल ट्रांसफारमर

चिलकहर,ब लिया. लोहिया गांव नरांव में तीन दिन पहिलहीं लागल 63 केबीए के दूगो ट्रांसफारमर भकभका के जरि गउअन स। एकरा चलते गांव में अतवारे से अन्हार हो गइल बा आ खेतियो बारी के काम पानी ना मिलला से खराब होता। बतावल जाता कि गांव के कुल्हि आदमियन से चन्दा बटोरि के बिजली कर्मचारियन के दीहल गइल रहल बाकी हरमेसा नाहिन दू चार दिन में जरिए जात बा। बिजली विभाग के कवनो बड़ अधिकारी एपर धियान नइखें देत लो।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *