तीन फुटो दुलहा मउर पहिरलसि
-


गोरखपुर 28 जून (वार्ता). लमहर दिन ले अगुआ ला तिकवत एगो तीन फुट के दुलहो के भाग आखिर जागिए गइल जब 42 बरीस का उमिर में 32 बरीस के दुलहिन के रिश्ता आइल.
उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में पिछला सोमार का दिने भइल एगो बिआह पूरा शहर में चर्चा के विषय रहल. एह बिआह में उहो लोग चहुँप गइल जिनका के ना त घराती बोलवले रहुवे ना बराती. बाकिर लोग दुलहा दुलहिन संगे सेल्फी खिंचवावे ला होड़ मचवले रहल.
एह बिआह का बाद 36 इंच के दूलहा आ 34 इंच के दुलहिन एक-दोसरा के हमसफर हो गइले.
गोरखपुर जिला में खजनी इलाका के विशुनपुरा गांव के डॉ सुनील पाठक जे 36 इंच के बाड़ें आ संस्कृत से पीएचडी कइले बाड़न अपना छह भाइ.न में तिसरा नंबर पर रहलें आ बाकी सब भाइयन के बिआह हो गइला का बाद अपना बिआह के आसो छोड़ दिहले रहुवन.
संजोग से एक दिन उनुका ला रानीबाग के प्रज्ञा कालोनी के सारिका मिश्रा (32 बरीस) के रिश्ता आइए गइल जे लगभग उनुके लंबाई के रहली. उहो स्नातक हई. सारिको के घर के लोग सारिका के बिआह के आस छोड़िए चुकल रहुवे काहे कि कवनो लड़िका उनुका के सकारते ना रहुवे. आ एह बिआह से दुनु पक्ष के खुशी के मौका मिलिए गइल.
भगवान एह लोग के दाम्पत्य जीवन खुशहाल राखसु इहे शुभकामना सभे करी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts