तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

shahabuddin
सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया।

शहाबुद्दीन के जमानत मिलला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अरजी डलले बाड़ी निहत पत्रकार राजदेव रंजन के पत्नी। उनकर कहना बा कि सिवान के कुख्यात अपराधी शहाबुद्दीन से जुड़ल मुकदमा बिहार का बाहर चलावल जाय। काहे कि बिहार में ईमानदार सुनवाई सम्भव नइखे।

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..