दर्शकन का पसंद पर बढ़िया फिल्म हमेशा खरा उतरेला,

कहना बा ‘निरहुआ’ के

भोजपुरी फिलिमन के किंग स्टार कहाये वाला दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ आजु सफलता के दोसर नाम बन गइल बाड़न. उनुकर हर फिल्म के दर्शकन के भरपूर प्यार मिलेला. दर्शकन के पसंदीदा होखला का साथे-साथ निरहुआ हर निर्माता-निर्देशको के पसंदीदा हउवें. लगातार 5 साल से भोजपुरी के न0.1 नायक बनल निरहुआ के डंका बॉक्स ऑफिस पर एहू साल बाजत बा. एह साल उनुकर रिलीज पाँचो फिल्म बॉक्स ऑफिस पर हिट भइल बा. पिछला दिने दीपक सांवत के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा देवी’ की शुटिंग में व्यस्त निरहुआ से भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा पेश बा –

सबसे पहिले दिवाली से जुड़ल कुछ याद बताईं.

दीपावली त हर साल खास रहेले. ई हमेशा हमनी का जीवन में रोशनी लेके आवेले. बाकिर साल 2006 के दीपावली सबले यादगार रही काहे कि ओही दिन हम आपन पहिला गाड़ी इनोवा खरीदले रहीं. ऊ खुशी सोच के आजुवो आनंदित हो जानी.

लगातार पाँच साल से भोजपुरी फिलिमन के 1 नायक रहे के राज का बा ?

सबसे पहिले त माता के आशीर्वाद, बड़ बुजुर्गन के प्रार्थना आ छोटकन के प्यार का चलते बा. एकरा अलावे हम बढ़िया टीम चुनीलें जे लगन, मेहनत आ ईमानदारी से काम करेले. बढ़िया कहानी, बढ़िया टीम आ बढ़िया निर्देशक-निर्माता के चुनावे सफलता के कारण बा. एगो अउरी कारण बा हमरा फिल्म में समाज के हर वर्ग खातिर भरपूर मनोरंजन.

आपके होम प्रोडक्शन फिल्म ‘औलाद’ पारिवारिक फिल्म होखला का बावजूद बॉक्स ऑफिस पर सफल रहल. एह सफलता खातिर कतना आश्वस्त रहनी ?

देखीं, हमार मानल ह कि बढ़िया फिल्म दर्शकन का पसंद पर हमेशा खरा साबित होले. ‘‘औलाद’’ एगो पारिवारिक फिल्म होखे का साथ-साथ मनोरंजको फिल्म रहुवे. एहमें हर वर्ग खातिर मनोरंजन रहे आ संदेसो. से दर्शक फिल्म के सफल करा दिहले. बिहार, यु.पी. के कई सिनेमा घर में पचासवाँ दिवस मनवलसि. पारिवारिक फिल्मन का साथे मनोरंजनो परोसल जाव त सफलता शत प्रतिशत मिली, अइसन ‘औलाद’साबित कर देखवलसि.

आपके फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के बहुते चर्चा होखत बा. का कहब ?
‘‘बिदेसिया’’ भिखारी ठाकुर की कृति ‘‘बिदेसिया’’ पर आधारित बा. एकर निर्माण अभय सिन्हा आ महुआ मल्टीमीडिया मिलके कइले बा. मधुर गीत-संगीत सुने के आ कईगो भावपूर्ण दृश्य देखे के मिली एह फिल्म में जवना के निर्देशन छोटका पर्दा के चर्चित निर्देशक रंजन सिंह कइले बाड़े. पाखी हेगड़े आ छवि पांडेय दू गो नायिका बाड़ीं एह फिल्म में हमार.

‘‘प्रतिज्ञा’ के बाद आपके आ पवन सिंह के जोड़ी फेरु ‘‘खून पसीना’’ में लउकी. का कहब ?
पवन का साथे काम कइल नीक लागेला. हमनी दुनु गायिकी का समय से एक दोसरा के जानींला. ‘‘खून पसीना’’ में एक्शन के जबरदस्त तड़का देखे के मिली. एकर निर्माण हिन्दी फिल्म निर्माता बालाभाई कइले बाड़े. एकरा अलावे पवन का साथ हमार जोड़ी निर्माता अभय सिन्हा के अनिल अजिताभ निर्देशित ‘‘एक दूजे के लिए’’ फिल्मो में देखे के मिली. एकर शुटिंग चालू बा. हमरा पूरा उम्मीद बा कि ई दुनु फिल्म ‘‘प्रतिज्ञा’’ जइसन हिट होखी.

भोजपुरी फिल्मन के किंग कहाइल कइसन लागेला ?

दर्शकन के दिहल ई उपाधि सुनके बहुते नीका लागेला बाकिर ई तगमा जिम्मेदारो बनावेला. हर समय दर्शकन का उम्मीद पर खरा बनल रहे खातिर लगातार मेहनत खातिर उकसावतो रहेला.
का चलत बा अबहीं ?

अबहीं त अमिताभ बच्चन जी के मेकअप मैन दीपक सांवत के फिल्म ‘‘गंगा देवी’’ के शुटिंग में व्यस्त बानी. एकर निर्देशन अभिषेक चड्डा करत बाड़े आ एहमें हिन्दी के कई नामचीन अभिनेतो शामिल लउकीहें.

आवे वाली फिलिमन का बारे में ?
सबले पहिले ‘‘बिदेसिया’’ आई, फेर ‘‘खून पसीना’’. एकरा अलावे हम जगदीश वर्मा के ‘‘एक बिहारी सौ पर भारी’’ फिल्मो करत बानी. वितरक राजेश-पप्पू, निर्देशक असलम शेख के फिलिमो करत बानी.

भोजपुरी सिनेमा के भविष्य कइसन देखींले ?

बहुते बढ़िया भविष्य बा. दर्शक भोजपुरी फिलिम देखत बाड़े आ आपन पूरा प्यार देत बाड़े. जरूरत बा गुणवतापूर्ण आ बढ़िया फिल्म बनावे के. दर्शकन के बढ़िया मनोरंजक फिल्म देबे के.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. brijesh singh yadav

    nirahuva is real hero .i like him so much .he is from my distric ghazipur