दिनेश यादव के लोग अब भोजपुरी के रोहित शेट्टी कहे लागल बा
-

DineshYadav3
दिवानगी हद से के सफलता का बाद लोग अब दिनेश यादव के भोजपुरी के रोहित शेट्टी माने लागल बा. दिनेश यादव का फिलिमन में रउरा फेमिली कामेडीओ देखब आ एक्शनो परफेक्ट जगह पर होखी. इनका फिलिमन के संगीत त करेजा छू लेला. इनका फिलिमन के कहानिओ अलग तरह के नयापन लिहले होला. पटकथा पर दिनेश यादव के पकड़ देखले बनेला. पत्रकारिता से निर्देशन करे उतरल दिनेश यादव अपना कलाकारन के को बाईंड स्क्रीप्ट देबेले.

हर साले दिनेश यादव के जब कवनो नया फिलिम आवेले त दिल दिमाग छाप लेले. पिछला साल राकेश मिश्रा के अपना फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से लंच कइले रहन दिनेश. फिलिम पिछला साल के सबले बड़ हिट हो गइल रहे. दिनेश एहुसे पहिले ‘धड़के तोहरे नावे करेजवा’ आ ‘कसम वर्दी के’ जइसन कामयाब फिलिम दे चुकल बाड़न. इनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘दीवानगी हद से’ त लोगो के दिवाना बनाके रख दिहले बा. फिलिम के कहानिओ खुद दिनेश के लिखल ह,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts