दुराचार से पीड़ित लड़की फूलन बने के बात करत बिया
-

सुबूत आ जनमत देखत बसपा विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी के गिरफ्तार करे के औपचारिकता के निर्वाह भले कर लिहल गइल बाकिर बसपा से निष्कासित ना भइला का चलते विधायक के रुआब वइसने बा. कोर्ट का आदेश से भुक्तभोगी लड़की शीला के जेल से छोड़ दिहल गइल बाकिर अब हर ओह आदमी के परेशान कइल जा रहल बा जे शीला के सहायता कइलसि भा करत बा. जेल वार्डन शाहनाज बेगम जे शीला के चिकित्सा सुविधा मुहैया करवली ओकरा के स्थानान्तरित करे के आदेश जारी बा. बाकिर शीला के कहनाम बा कि अब चाहे गोली मार दिहल जाव ऊ चुप ना रही. अपना साथे भइल अन्याय के खिलाफ लड़ाई जारी राखी. कहलसि कि जेल में ओकरा के एसपी सिटी अनिल राय धमकवलें आ चुप रहे खातिर रुपिया देबे के कहलें, लेडी डाक्टर लगातार झूठ बोलत रहल कि शीला का साथे बलात्कार नइखे भइल आ ऊ झूठ बोलत बिया. कहलसि कि ई लोग अब हमरा के भा हमरा परिवार के नुकसान चहुँपा सकेला. बाकिर ओकरा भरोसा बा कि सच्चाई का राह पर होखला का चलते अन्तिम विजय ओकरे होखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts