‘देवता’ में संजय पांडे

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे निर्माता विजय प्रसाद के “देवता” मुख्य खलनायक खातिर साइन कइले बाड़न जवना के निर्देशित करीहें बृज भूषण. संजय पांडे के किरदार खातिर संवाद लेखक मनोज पांडे एक से बढ़के एक धांसू संवाद लिखले बाड़न. संजय पांडे के बारे में कहल जाला कि ऊ जतना निर्दयी खलनायक हउवन ओकरो ले बेसी निमन इंसान हउवन आ एही चलते सफलता उनुकर गोड़ चूमेले.

संजय पांडे हाल ही में एगो अउर फिल्म में मुख्य खलनायक के किरदार कइले बाड़न. एह फिल्म ‘तोहरे प्यार में’ के निर्माता लक्ष्मण बी. सिंह, बैनर बाल किशन इंटरटेनमेंट आ निर्देशक मनोज एस. तोमर हउवें. लक्ष्मण बी. सिंह कहेलन कि संजय पांडे बड़का-बड़का फिल्म कइले बाड़न आ उनुकर हर फिल्म सुपर डुपर हिट होखेले. उनुका साथ काम करे के दिली तमन्ना रहल जवन एह फिल्म से पूरा भइल.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..