‘देवता’ में संजय पांडे

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे निर्माता विजय प्रसाद के “देवता” मुख्य खलनायक खातिर साइन कइले बाड़न जवना के निर्देशित करीहें बृज भूषण. संजय पांडे के किरदार खातिर संवाद लेखक मनोज पांडे एक से बढ़के एक धांसू संवाद लिखले बाड़न. संजय पांडे के बारे में कहल जाला कि ऊ जतना निर्दयी खलनायक हउवन ओकरो ले बेसी निमन इंसान हउवन आ एही चलते सफलता उनुकर गोड़ चूमेले.

संजय पांडे हाल ही में एगो अउर फिल्म में मुख्य खलनायक के किरदार कइले बाड़न. एह फिल्म ‘तोहरे प्यार में’ के निर्माता लक्ष्मण बी. सिंह, बैनर बाल किशन इंटरटेनमेंट आ निर्देशक मनोज एस. तोमर हउवें. लक्ष्मण बी. सिंह कहेलन कि संजय पांडे बड़का-बड़का फिल्म कइले बाड़न आ उनुकर हर फिल्म सुपर डुपर हिट होखेले. उनुका साथ काम करे के दिली तमन्ना रहल जवन एह फिल्म से पूरा भइल.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।