देश दुनिया के खबर, अतवार 4 सितम्बर का दिने

देश

  • विकिलीक्स के नयका खुलासा में बतावल गइल बा कि अमेरिका मानत बा कि गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के नजर राष्ट्रीय नेतृत्व में अपना ला एगो बड़हन भूमिका पर बा आ ऊ अपना के भाजपा में कद्दावर नेता बनावे में लागल बाड़न.
  • 84 गो प्राकृतिक संसाधन के कीमत तय करे का तरीका पर एगो नया नीति केंद्रीय वित्त मंत्रालय जल्दिये केंद्रीय मंत्रिमंडल का सोझा पेश करी.
  • विकिलीक्स के नया खुलासा में कहल गइल बा कि राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार शिवशंकर मेनन पद लेबे के तुरते बाद कुछ खुफिया मुद्दन पर केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम से समझौता कर लिहले रहन.
  • एक बेर फेर देश के युवा वर्ग शिक्षक बने का तरह आकर्षित भइल बा. कारण बा कि बहुते नया शिक्षण संस्थान खुलल आ छठवाँ वेतन आयोग के सिफारिश के लागू होखल.
  • दिल्ली के कुछ इलाकन में बिजली आपूर्ति करे वाली कम्पनी बीएसईएस अतवार के कहलसि कि ऊ सोमार ले सरकारी कम्पनी एनटीपीसी के बिजली बकाए चुका दीही.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के कहना बा कि संसद पर हमला के दोषी अफजल गुरु के माफ करावे का मुद्दा पर पार्टी के रुख मतदान में साफ हो जाई.
  • गुजरात पुलिस 13 फरवरी के मुम्बई बम विस्फोटन के फरार आरोपी मंजर इमाम के तलाश में रांची आइल बिया.
  • बांगला देश का साथे होखे जा रहल समझौता से नाराज पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह का साथे ढाका यात्रा पर ना जइहें. प्रधानमंत्री का संगे एह यात्रा में बांग्लादेश के पड़ोसी पांचो भारतीय राज्यने के मुख्यमंत्रियन के जाये के कार्यक्रम बा.
  • अपना के अन्ना हजारे जइसन बतावे वाला पंजाब के वित्त मंत्री रहल मनप्रीत बादल का खिलाफ शिरोमणि अकाली दल निर्वाचन आयोग के एगो शिकायत भेजले बा आ उनुका पर लोगन के गुमराह करे के आरोप लगवले बा.
  • सपा के राष्ट्रीय सचिव सुनीलम ने पार्टी छोड़ दिहले. ऊ एह घरी अन्ना के आन्दोलन में लागल बाड़े.
  • झारखण्ड के आठवां राज्यपाल सैयद अहमद के बनावल गइल बा जे अतवार का दिने शपथ लिहले आ कार्यभार ग्रहण कर लिहले.
  • वाईएसआर कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के समर्थक विधायक आपन इस्तीफा मंजूर करावे खातिर काल्हु सोमार के आंध्र प्रदेश के राज्यपाल आ विधानसभा अध्यक्ष से भेंट करी.
  • हिमाचल प्रदेश उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश रहल पी.सी. बालाकृष्ण मेनन के बयासी साल का मिर में अपना राज्य केरल के कोच्चि में निधन हो गइल.
  • कर्नाटक में रेड्डी भाईयन के करीबी विधायक बी. श्रीमुलु अतवार का दिने इस्तीफा दे दिहले. बतावल जात बा कि ऊ दुबारा मंत्री ना बनवला का चलते नाराज रहले ह.
  • केरल के लोग पढ़ाईये में ना मांसो खाये में देश में सबले आगा बाड़न. ओहिजा के लोग रोज 5000 टन मांस खा जाला.
  • मंगल का दिन से शुरू हो रहल प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के बांग्लादेश यात्रा से दुनु देशन के संबंधन के एगो नया मुकाम मिले के उम्मीद कइल जात बा.
  • पश्चिम बंगाल में कम्युनिस्टन के हरा के मुख्यमंत्री बनल ममता बनर्जी के हार्वर्ड विश्वविद्यालय अपना हियाँ राज्य के राजनीति आ संस्कृति पर एगो व्याख्यान देबे बोलवले बा.
  • काल्हु शिक्षक दिवस ह आ एह मौका पर कार्यक्रम करे करावे वाला छात्र-छात्रा खासा उत्साह देखल जात बा.
  • त्रिपुरा में फेनी नदी किनार के गाँवन के उम्मीद बा कि प्रधानमंत्री के ढाका दौरा में आठ दशक पुरान जल विवाद के कवनो ठोस समाधान निकल आई. फेनी नदी दक्षिणी त्रिपुरा में बांग्लादेश का साथ एगो प्राकृतिक सीमा का तरह काम करेले.
  • अन्ना हजारे अतवार का दिने फेर कहले कि उनुका ‘जेड’ श्रेणी सुरक्षा के जरूरत नइखे आ एह पर सरकार फेर विचार करो.
  • हरियाणा के लोकायुक्त राज्य में भ्रष्टाचार पर काबू पावे खातिर सामाजिक कार्यकर्तन के एगो समिति बनावे के सलाह दिहले बाड़न.
  • छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमन सिंह के कहना बा कि उनुकर सरकार राज्य में अब खाद्य प्रसंस्करण आ सूचना प्रौद्योगिकी के क्षेत्र में निवेश चाहत बिया काहे कि बिजली आ इस्पात के क्षेत्र में पहिलही काम भर निवेश हो चुकल बा.
  • मध्य प्रदेश के उज्जैन में प्रतिमा स्थापना लेके भड़कल साम्प्रदायिक हिंसा का बाद अब हालात सामान्य होखे लागल बा. आजु अतवार सबेरे सगरी नौ थाना इलाका में कर्फ्यू में तीन घंटा के ढील दिहल गइल.
  • मुम्बई के छत्रपति शिवाजी अंतर्राष्ट्ररीय हवाईअड्डे के मुख्य रनवे से विमान संचालन आजुओ ना शुरू हो पावल.
  • एगो आदमी दिल्ली का एगो अदालत में याचिका दायर करके अन्ना आ उनुका सहयोगियन पर आरोप लगवले बा कि ऊ लोग ‘सरकार के खिलाफ युद्ध छेड़े’ के षड्यंत्र कइलसि.
  • केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश बतवले कि नया भूमि अधिग्रहण विधेयक अगिला हफ्ता संसद में पेश होई. इहो कहलन कि हर राज्य आपना अलग-अलग भूमि अधिग्रहण कानून बनावे खातिर आजाद रहीहें.
  • भारत में गलत तरीका से घुसल तीन गो औरत आ दू गो बच्चा समेत 14 गो बांग्लादेशी नागरिकन के त्रिपुरा में शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • काल्हु शनिचर का दिने योगगुरु बाबा रामदेव कहले कि उनुका फेमा के तहत कवनो नोटिस नइखे मिलल. कहले कि भ्रष्टाचार का खिलाफ संघर्ष करे का चलते केंद्र सरकार उनुका के बदनाम करे में लागल बिया.

दुनिया

  • ब्रिटेन में कार चालक अगर सड़क पर कचरा फेंकी त ओकरा पर 80 पाउंड (130 डॉलर)जुर्माना लगावल जाई. अइसनका लोग के चीन्हे खातिर सड़क पर सीसीटीवी कैमरो लगावल जा रहल बा.
  • चीन के आदमी तेजी से मोट होतारे. एगो स्टडी में देखल गइल बा कि ओहिजा 20 से 59 साल उमिर वाला 33 फीसदी लोग के वजन सामान्य से अधिका बा आ 60 से 69 साल मिर वाला करीब 40 फीसदी बूढ़ मोटापा से पीड़ित बाड़े.
  • जापान के पश्चिमी इलाके में आइल तूफान तलस से अतवार का दिने भारी तबाही भइल बा आ 15 लोग मर गइल जबकि 143 लोग लापता बाड़े.
  • नेपाल के सत्ता सम्हरला का हफ्ते भर में बाबूराम भट्टराई के प्रधानमंत्री पद काँटन के ताज बुझाए लागल बा. खुद उनुके पार्टी प्रक्रिया में बाधा डालत बिया.
  • लीबिया के ज्यादातर इलाकन पर काबिज हो चुकल विद्रोही अब मुअम्मार गद्दाफी के प्रभुत्व वाला गिनल-चुनल शहरन में से एगो शहर बानी वालिद के बहुते नियरा चहुँप गइल बाड़े.
  • रूस एगो नया मुखास्त्र वाला तोपोल बैलिस्टिक मिसाइल के आजु परीक्षण कइलसि.
  • क्यूबा के राष्ट्रपति राउल कास्त्रो के पुरान सहयोगी रहल रक्षा मंत्री जनरल जूलियो कासास रेग्यूरो के दिल के दौरा पड़ला से निधन हो गयइल. ऊ 75 बरीस के रहले.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत आजु काल्हु डेंगू का चपेट में बा आ रोजे एह बीमारी के दर्जनों मरीज आवत बाड़े.
  • चिली में वायुसेना के एगो विमान प्रशांत महासागर में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जवना में ओह पर सवार 21 लोग के मौत हो गइल.
  • उत्तर कोरिया के बाढ़ग्रस्त इलाकन में सहायता चहुँपावे खातिर अमेरिका के एगो मालवाहक विमान आपातकालीन राहत सामग्री लेके राजधानी प्योंगयोंग पहुंच गइल बा.

व्यापार व्यवसाय

  • 500 किलोग्राम बैंगन के चोखा बना के आनुवांशिक रूप से संशोधित (जीएम) फसलन आ बीटी बैगन के मंजूरी देबे के प्रस्ताव का विरोध में प्रदर्शन कइल जाई.
  • नाटो भारत के आपन मिसाइल रक्षा प्रौद्योगिकी देबे के प्रस्ताव रखले बा जेहसे कि भारत अपना ओर आवे वाली शत्रु मिसाइलन के मार गिरावे के क्षमता बढ़ा बना सको.
  • हर चीज के दाम बढ़ला का बीच अब भारतीय रेलवे यात्री किराया में आठ से 12 फीसदी तक इजाफा करे के सोचत बिया.
  • प्रधानमंत्री के बांगलादेश यात्रा का बाद भारतीय कारोबारी जगत के प्रमुख हस्तियन के एगो समूह, जवना में एयरटेल के प्रमुख सुनील भारती मित्तल, आरपीजी समूह के अध्यक्ष हर्ष गोयनका आ टाटा स्टील के उपाध्यक्ष बी. मुथुरमण शामिल रहीहें, अगिला महीना ढाका जाई आ बांग्लादेश में निवेश के अवसर तलाशी.
  • फेडरेशन ऑफ इंडियन चैम्बर्स ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री, फिक्की, अमेरिका में एह महीना दू गो बड़हन सम्मेलन कराई जवना में निवेशकन के भारत के ओर ले आवे के कोशिश कइल जाई.
  • केंद्रीय दूरसंचार विभाग के आंकड़ा बतावत बा कि अबहियो देश के 37,000 अइसन गांव बाड़ी सँ जहवाँ मार्च 2011 ले मोबाइल फोन के पहुंच नइखे हो पावल.
  • मध्य प्रदेश में पर्यटन विकास खातिर एयर-टैक्सी सेवा के शुरुआत होखे जा रहल बा. भोपाल से पहिला एयर टैक्सी सात सितम्बर के उड़ान भरी.

मनोरंजन

  • भोजपुरी फिलिमन में काम करे चार साल पहिले कानपुर से आइल भावना तिवारी आजु गोरेगाँव स्टेशन का लगे ट्रेन से गिर पड़ली जवना में उनुकर बांया हाथ कट गइल. हालही में भावना तिवारी के सुजीत पुरी का निर्देशन में बनत रंगीला राजा बाबू में दुसरकी हीरोइन बनावल रहे.
  • भारतीय फिल्मकार जगमोहन मूंदड़ा के आजु अतवार का दिने 62 साल का उमिर में निधन हो गइल. मूंदड़ा ‘बवंडर’ आ ‘प्रोवोक्ड’ जइसन फिलिमन के निर्देशित कइले रहले.
  • बॉलीवुड के मशूहर संगीत निर्देशक सलीम मर्चेट के मानना बा कि फिल्म के संगीतकारो ओतने खास होला जतना कि फिल्म के मुख्य नायक.
  • बहुमुखी प्रतिभा के धनी अभिनेता नसीरुद्दीन शाह के कहना बा कि 35 साल लमहर अपना करियर में हमेशा ओ फिलिमन के गिनिती से बेसी ध्यान ओकरा गुणवत्ता पर दिहले बाड़न आ आजुओ उनुका बढ़िया फिलिमन के प्रस्ताव मिलत बा.

खेल

  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी राहुल द्रविड़ के विवादास्पद तरीका से कैच आउट दिहला पर डिसीजन रिव्यू सिस्टम पर सवाल उठवले बाड़न. राहुल द्रविड़ का साथे एह दौरा में कई बार एह तरह के गलत फैसला आइल बा.
  • इंग्लैंड के खिलाफ बाकी बाचल चार गो एक दिना मैचन खातिर मध्यक्रम के बल्लेबाज मनोज तिवारी के भारतीय टीम में शामिल कइल गइल बा. ऊ घवाहिल रोहित शर्मा का जगहा आइल बाड़े.
  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में मरदन के रिले दौड़ में नया विश्व रिकॉर्ड बनल बा.जमैका की पुरुष रिले टीम 4 गुणा 100 मीटर स्पर्धा में अतवार का दिने ई नया रिकार्ड बनवलसि जब नेस्टा कार्टर, माइकल फ्राटर, 100 मीटर दौड़ जीते वाला योहान ब्लैक, आ 200 मीटर चैम्पियन बोल्ट मिल के 37.04 सेकेंड के समय निकलले.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी में दक्षिण कोरिया से हार गइल भारतीय महिला हॉकी टीम.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी में आजु खेलल गइल भारत-जापान मैच ड्रॉ रहल. दुनु ओर से एक एक गोल भइल.
  • भारत के लिएंडर पेस आ महेश भूपति के अनुभवी जोड़ी आ सोमदेव देवबर्मन आ फिलीपींस के ट्रीट कोनरार्ड हुए के जोड़ी अमेरिकी ओपन ग्रैंड स्लैम के प्री-क्वार्टर फाइनल में आ गइल बाड़ी सँ.
  • भारत के डेविस कप खिलाड़ी रहल सुमंत मिश्रा के काल्हु शनिचर का दिने 88 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. उनुका के भारतीय टेनिस के पितामह कहल जाला. साल 1946 में नेशनल लॉन टेनिस चैम्पियनशिप के खिताब जीते वाला मिश्रा ब्रिटिश काल में ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय खिलाड़ी रहले.
  • भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जात पहिला एकदिना बरखा का चलते रद्द कर दिहल गइल. भारत अपना पारी में 274 रन बनवले रहुवे आ बाद में खेले उतरल इंगलैण्ड के टीम के दुनु सलामी बल्लेबाज 27 रन बने से पहिले आउट हो चुकल रहले. बाकिर बरखा इंगलैण्ड के इज्जत बचा लिहलसि आ एगो जीत खातिर भारत के इंतजार बढ़ा दिहलसि.

0 Comments