"देश-परदेस" के मनोरंजक फिलिम बतवलें विमल कुमार

Pawan-Dharmendra-Monalisaहिंदी में “जैसी करनी वैसी भरनी”, “स्वर्ग यहाँ नरक यहाँ”, “छोटे सरकार” अउर “सुनो ससुर जी” समेत दर्जनो हिट फिलिम बना चुकल नामचीन निर्देशक विमल कुमार अब अपना पहिला भोजपुरी फिलिम “देश परदेश” संगे भोजपुरिया मैदान में उतरत बाड़े. एही फिलिम से धरम पा जीओ पहिला बेर भोजपुरी दर्शकन का सोझा आवत बाड़ें.

“देश-परदेश” एगो सोशल फैमिली ड्रामा ह जवना में धरम पाजी आ रति अग्निहोत्री के अलावा पवन सिंह, मोनालिसा, संजय पाण्डेय, प्रतिभा पाण्डेय अउर दीपक दुबे शामिल बाड़ें. मनोज द्विवेदी मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़े. बकौल विमल कुमार – भोजपुरी फिलिमन के एगो लमहर आ मजगर समृद्ध परंपरा रहल बा. एहिजा गंगा मईया तोहके पियरी चढ़इबो, गंगा किनारे मोरा गाँव, आ नदिया के पार जइसन कालजयी फ़िलिम बन चुकल बाड़ी सँ बाकिर बीच में ई परंपरा बिलात चल गइल. फिलिम देश परदेश से हम ओही परंपरा के फेरू से जियावे के कोशिश कइले बानी. एहमें धरम पा जी के मौजूदगी क बारे में विमल कुमार के कहना बा कि धरम पा जी पूरा हिंदुस्तान के चहेता हउवन. खासकर उत्तर भारत में त उनकर एगो बड़हन फैन फ़ोलोइंग बा. पवन सिंह एह फिलिम में धरम पा जी के बेटा बनल बाड़े. पवन सिंह के कहना बा कि धरम जी उनुका के बेटा जइसन प्यार दिहलन आ खूब हौसला बढ़वलन. उनका साथे काम कइल हमरा जिनिगी के सबले यादगार अनुभव रहल.

देश -परदेश के लगभग आधा शूटिंग पूरा हो चुकल बा.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

1 Comment

  1. prashant kumar singh

    jiyoooooooo……………….. bhaiya dekhaaaaaaaa d ki tu hi don baada bhojwood ………..

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *