धनिया के थाना में अभिषेक गिरी
-

फिल्म जगत में बहुते संघर्ष कइला का बाद सभका के सफलता मिलिये जाला. अब एही कड़ी में शामिल हो गइल बाड़न अभिनेता अभिषेक गिरी, जे रोजे नया ऊँचाई नापत बाड़े.

बिहार के सतजोड़ा मठिया गाँव के रहे वाला अभिषेक गिरी अभिनय का साथही सामाजिक सरोकारो से जुड़ल रहेले. वइसे त ऊ अनेके फिलिम में काम करत बाड़न बाकिर सबले बेसी चरचा में बावे उनुकर फिल्म “धनिया के थाना”. निर्माता-निर्देशक राकेश भदौडिया के एह फिल्म के अउरी कलाकारन के नाम हवे रिंकू घोष, लिलीपुट, सी० पी० भट्ट, मन्टू , महाराणा अउर विकास वगैरह.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..