नक्सल मुकाबिला में सिवान के लाल शहीद हो गइल

सिवान जिला के सिसवन ब्लाक के भैंसावड़ा गाँव के हंसनाथ सिंह के बेटा विश्राम सिंह सीआरपीएफ में रहुवे आ पश्चिमी बंगाल का मेदिनीपुर जिला में तैनात रहे. ओहिजा भइल एगो नक्सल हमला से पिछला २४ दिसम्बर के ओकर मौत हो गइल. काल्हु सबेरे ओकर पार्थिव शरीर गाँवे चहुँपल आ पूरा सम्मान का साथ गंगपुर सिसवन घाट पर ओकर अंतिम संस्कार कर दिहल गइल. शहीद के श्रद्धांजलि देबे खातिर स्थानीय अधिकारी आ जनप्रतिनिधि चहुँपल रहलें.

0 Comments