नज़रिया तोहसे लागी के मिलल ११ गो नामांकन
-


भोजपुरी के एक्शन स्टार अजय दीक्षित के फिल्म आ विजसन फिल्म्स के प्रस्तुति “नज़रिया तोहसे लागी” के छठवाँ भोजपुरी फिल्म अवार्ड में एगारह श्रेणी में नामांकन मिलल बा. निर्माता संतोष सिंह आ निर्देशक दीप शर्मा के एह फिल्म में अजय दीक्षित आ नया अदाकारा विभूति त्रिवेदी मुख्य कलाकार बाड़े. बिहार के चर्चित परंपरा पकडुआ विवाह पर बनवाल एह फिल्म के राष्ट्रीय सद्भावना पर आधारित फिल्म, खातिर आ बेस्ट पब्लिसिटी डिजायनर खातिर अजय शाह के, बेस्ट स्टोरी खातिर राज वर्मा के, बेस्ट न्यू कमर फीमेल खातिर विभूति त्रिवेदी के, बेस्ट कोमेडियन खातिर फ़िरोज़ खान के, बेस्ट एक्टर इन निगेटिव रोल खातिर अयाम मेहता के, बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस खातिर ऋचा सिंह के, बेस्ट सिंगर मेल खातिर उदित नारायण के, बेस्ट सिंगर फीमेल खातिर दीपा नारायण के, आ दू गो गाना के बेस्ट आयटम नंबर खातिर शामिल कइल गइल बा.

अजय दीक्षित खुद दू साल पहिले बेस्ट न्यू कमर मेल के अवार्ड ले चुकल बाड़न.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts