नन्हकन के जलवा देखते बनत बा


महुआ टीवी पर प्रसारित होखे जा रहल गीत गवनई के नया शो “नहले पे दहला” खातिर पिछला दिने पटना के बोरिंग कनाल रोड पर बाल्डविन अकादमी में जब आडिशन लिहल जात रहे तब प्रतिभागी नन्हकन के जलवा देखते बनत रहे. आडिशन देबे खातिर बिहार के दूर दराज से प्रतियोगी आइल रहलें आ सबेरे जब १० बजे से आडिशन शुरु होखे वाला रहे तबले ७०० नन्हका प्रतियोगी आपन नामांकन करा चुकल रहलें.

आडिशन लेत रहलें मशहूर संगीतकार सतीश उपाध्याय आ महुआ टीवी के सीनियर कार्यकारी निर्मात्री उर्मिका राय. आडिशन का बाद सतीश उपाध्याय बतवलें कि एह कार्यक्रम से एगो नया अध्याय शुरु होखे जा रहल बा जब सगरी देश नन्हकन आ नवहियन के भोजपुरी गीत गावत देखीहें सुनीहें. उर्मिका राय कहली कि महुआ टीवी हमेशा से गाँव देहात कस्बा से नया नया प्रतिभा खोज निकाल के ओकरा के राष्ट्रीय मंच देत आइल बा. सुर संग्राम, डांस संग्राम, भौजी नं. १, गृहलक्ष्मी का बाद ओहि कड़ी में ई नया शो जुड़े जा रहल बा जवना के नाम बा “नहले पे दहला”. बतवली कि शो २४ दिसम्बर से शुरु होखी आ दिनेश लाल यादव निरहुआ एह शो के एंकर रहीहें. जज का कुर्सी पर पवन सिंह आ धनंजय मिश्रा बइठीहें.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।