"नरजिस म्यूजिक" के म्यूजिक क धूम "संगीत भोजपुरी" चैनल पर

सिनेमा भोजपुरी के बढ़ावा देबे आगे आइल ‘नरजिस म्यूजिक’ कम्पनी से रिलीज भइल अनेके भोजपुरी फिलिमन के गाना आजुकाल्ह ‘संगीत भोजपुरी’ चैनल पर बहुते पसंद कइल जात बा. भोजपुरी फिल्म ‘रंगबाज़’ के अपार सफलता का बाद ओकर डीवीडी ‘नरजिस म्यूजिक’ लान्च कइलसि त उहो दर्शकन के पहिलका पसंद बन गइल बा. ‘संगीत भोजपुरी चैनल’ पर ओकर सगरी गीत चाव से देखल जात बा. ‘लच लच लचके मोरी कमरिया…’ आ ‘जोबना कइले बाटे…’ वगैरह गीत आजुओ सुनेवालन के ज़ुबान पर चढ़ल बा. अब जल्दिए रिलीज होखे जात हैदर काज़मी अभिनीत फिल्म ‘कालिया’ के सगरी गीतो सिनेप्रेमियन क बीच हिट हो गइल बा. कालिया के गीत ‘संगीत भोजपुरी चैनल’ पर दिन भर में दर्जनो बेर से अधिका हाली प्रसारित कइल जात बा. एह फिल्म के गीत ‘लाहे लाहे पेरेलऽ कमरिया…’, ‘करवट फेरऽ ना बलमुआ…’, हाय रे ज़वानी…’, रेंज़र पे चढ़िके…’, वगैरह गीत सुनेवालन के डिमांड में बा. एकर ‘मोबाईल कालर ट्यूनो’ खूब डाऊनलोड होत बा..

“नरजिस म्यूजिक” कम्पनी के सीएमडी आ अभिनेता हैदर काज़मी खुदहू फिल्म-निर्माता हउवें एहसे ऊ निर्माता लोगन के दरदो बढ़िया से जानेले. उनकर कोशिश बा कि केहू के हक ना मराव. “नरजिस म्यूजिक” अपना वेबसाईट आ डिज़िटल चैनल से अपना रिकार्डन के फोकट में प्रचारप्रसारो करेले जबकि दोसर कंपनी एह दिसाईं कुछ ना करसु. बाकिर लाखों रूपिया पब्लिसिटी क नाम पर ऐठ लेली सँ. फिल्म-निर्माता हमेशा चिन्तित रहेलें कि कवना कंपनी के अपना फिलिम के म्यूजिक दिहल जाव जेहसे ऊ जनता का बीचो चहुँपे आ कुछ फायदो होखे. एह मामिला में नरजिस म्यूजिक अव्वल साबित भइल बा.

नरजिस म्यूजिक खरीदलसि ‘दामाद’ आ ‘चिंगारी’ के संगीत

हालही नें नरजिस म्यूजिक दू गो अउरी बड़की फिलिमन के संगीत आ इंटरनेट अधिकार खरीद लिहलसि. एह फिलिमन में विनय आनन्द के ‘दामाद चाही फोकट में’ जवना के निर्माता जय हउवें आ श्रेया श्रीवास्तव के बनावल फिलिम ‘चिंगारी’ शामिल बाड़ी सँ. कंपनी राहुल राय प्रोडक्शन के फिल्म ‘एलान बा’ आ प्रवेश लाल यादव अभिनीत फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ के संगीत अधिकार खरीदले बिया. आवे वाला दिन में सैकड़ौं अउरी फिलिमन के अधिकार खरीदे के इरादा रखले बिया.

(अपना न्यूज, आ शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपटन से)

2 Comments

  1. Ranvijay singh

    Sir mai bhojpuri filmo ki kahani song dailoug and comady atchi tarah likh leta hun sir mujhe ek bar mauka deke dekhiye

  2. PrinceRituraj

    sir hum story, song likhta hu
    aur gaana gata hu
    plz. give me chance