नरेन्द्र मोदी के विहिप के उपज बतवले अशोक सिंघल

जयपुर.25 अक्टूबर (वार्ता) विश्व हिन्दू परिषद के संरक्षक अशोक सिंघल कांग्रेस के लूटेरन के पार्टी बतावत कहले कि भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी विहिपे के उपज हउवें.

अशोक सिंघल कहले कि पिछला पैंसठ साल से कांग्रेस देश के लूटत आइल बिया आ अब भगवान देश में छत्रपति शिवाजी आ अर्जुन का तरह नरेन्द्र मोदी के भेजले बाड़े.

कहलन कि लागत बा कि लोग भाषा, जाति, आ सम्प्रदाय के घेरा छोड के मोदी के सकार लिहले बाड़े. कहलन कि गोधरा कांड के दौरान जब अपराध के सीमा टूट गइल त गुजरात मे बँड़ेरा उठ गइल. एह हालात में नरेन्द्र मोदी जइसन व्यक्तित्व सामने आइल.

अशोक सिंघल कहलन कि राहुल अपना दादी आ पिता के हत्या का बारे में गलत कहत बाड़े. उनका पिता राजीव गाँधी, चाचा संजय गाँधी, आ दादी इंदिरा गाँधी के हत्या कोपसडाई नाम के संगठन करवलसि. कहलन कि वेटिकन षडयंत्र करके सोनिया गांधी के शादी राजीव गांधी से शादी करवलसि आ देश में ईसाई साम्राज्य बनावे खातिर राजीव के मरवा के सोनिया के कांग्रेस का गद्दी पर बइठवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।