नरेन्द्र मोदी घबड़ाए लागेला आ रहुलवा बड़बड़ाए लागेला
-

लोकसभा चुनाव 2024 के पहिलका दौर में तनिका कम मतदान का भइल इंडी आ एनडी दुनु गोलबन्दी आपन-आपन रणनीति बदल लिहलें. पहिलका दौर का पहिले लागल कि चुनाव बहुते शान्तभाव से होखे जा रहल बा. जीते वाला जीत का गुमान में वोट देबे ना निकलल त हारेवाला अतना पस्त पड़ गइल रहलें कि खेल सा पहिलहीं मैदान खाली कर दिहलें. आ पहिलका दौर का बाद एक गोलबन्दी अपना हमला के धार तेज कर दिहलसि आ बचाव का मुद्रा में आ गइल दुसरका गोल अकबक बोले लागल बा. अब चुनावी बोलबाजी तीताह हो गइल बा आ एही माहौल में आजु देश लोकसभा चुनाव के दुसरका दौर में मतदाल शुरु कर दिहले बा.

आजु देश के एक दर्जन राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेश जम्मू-कश्मीर प्में छितराइल 88 गो लोकसभा क्षेत्रन के मतदाता अपना सांसद के चुने खातिर ईवीएम के बटन दबइहें. आजु देस के 1.87 लाख बूथन पर 15.88 करोड़ मतदाता 1206 गो उमीदवारन के फेसला करिहें. जीतिहें त अठासिए जना,

आजु का चुनाव में कांग्रेस नेता राहुल गांधी, केंद्रीय मंत्री गजेंद्र सिंह शेखावत, राजीव चंद्र शेखर, पहिले केंद्रीय मंत्री रह चुकल शशि थरूर आ छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रह चुकल भूपेश बघेल अउर कर्नाटक के मुख्यमंत्री रह चुकल एच डी कुमारस्वामी के उमीदवारी खास बा. कहल जात बा कि वायनाड के मतदान खतम होखते राहुल गाँधी अमेठी को ओर भगिहें काहे कि अबकी वायनाडो उनुका लो सुरक्षित नइखे बुझात.

अकबक बोले के नमूना नीचे देख-सुन सकीलें कि कवना तरह नेता आपन संस्कार उजागर करत बाड़न –

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts