नरैनी विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी गिरफ्तार

बांदा के शीलू नाम के लड़की का साथ दुष्कर्म करे के आरोपी नरैनी विधायक पुरुष॰न॰द्विवेदी के आजु औगासी पुल पर पुलिस तब गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ अपना गाड़ी से बांदा आवत रहलें. पुलिस के पहिले से सूचना मिल गइल रहे आ ऊ पुल पर घेराबन्दी कर के मौजूद रहे. बाकिर अबही ले उनका के बसपा से निष्कासित नइखे कइल गइल. एह घटना में पहिले से पकड़ाइल तीन जने में से राजेन्द्र शुक्ला आ राजेन्द्र उपाध्याय पर लड़की कवनो आरोप नइखे लगवले. आरोपितन में से खाली सुरेश नेता पकड़ाइल बा. रावण गर्ग फरार बा. आ अब विधायको जी के गिरफ्तारी हो गइल बा.

0 Comments