नहले पे दहला में बप्पी लाहिरी
-

महुआ टीवी के गीतगवनई वाला रियलिटी शो “नहले पे दहला” में अबकी शनिचर बप्पी लाहिरी के धमाल रही. शो के शुरुआत बप्पी लाहिरी “याद आ रहा है तेरा प्यार” से करीहें. लड़का प्रतिभागी पूंछ लगा के अइहें काहे कि पिछला बेर लड़िकियन से इहे सजाय मिलल बा ओह लोग के. एह चलते सब जने लजात सकुचात मंच पर अइहे आ शुरु होखी परफारमेंस के दौर. आकाश के गाना “आई एम ए डिस्को डांसर” पर सगरी जज खड़ा होके ताली बजइहें आ बप्पी दा अपना लगे बोला के आशीर्वाद दीहें. आर्यनन्दिनी गइहें “लैला मैं लैला” जवना के संगीत सुन के बप्पी दा संगीतकारन के बधाई दीहें कि बुझाइल जइसे ओरिजिनल सुनत बानी. विकास के गावल “सारा जमाना हसीनो का दिवाना” सुन के बप्पी दा के कहना रही कि आजु ना अइतीं त बहुते कुछ मिस कइले रहतीं. लाडो के “आजकी रात होना है क्या” सुनला का बाद बप्पी दा उहे गाना लाडो का साथ गइहें. मनोज तिवारी तब बप्पी दा के एगो भोजपुरी डिस्को सुनइहें आ पवन सिंह का साथे “लॉलीपॉप” आ “बगलवाली जान मारेली” गइहे. प्रियांशी के गाना रही “झूम झूम झूम बाबा” जवना पर पवन सिंह आ सब लोग मंच पर आ के प्रियांशी का साथे गाई लोग. एह शनिचर के एपिसोड का बाद पता चली कि लड़िकी भारी पड़ली सँ. बप्पी दा के गाना “कोई यहाँ नाचें नाचें” से एपिसोड के समापन होखी.

एह एपिसोड के प्रसारण शनिचर के रात आठ बजे से महुआ टीवी पर होखल करेला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. kamal mishra

    Pawan bhaiya sab se aacha jaj bani.
    Hamar mobile numbar:8002263521

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts