नागरिक उड्डयन मंत्रालय के प्रभार सुरेश प्रभु का जिम्मे

नयी दिल्ली 10 मार्च (वार्ता). केंद्रीय वाणिज्य अउऱ उद्योग मंत्री सुरेश प्रभु के अब नागरिक उड्डयन मंत्रालयो के प्रभार सउँपा गइल बा.
राष्ट्रपति भवन से आजु जारी एगो विज्ञप्ति में ई जानकारी देत बतावल गइल बा कि राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का सलाह पर कैबिनेट मंत्री सुरेश प्रभु के नागरिक उड्डयन मंत्रालय के प्रभार सउँपले बाड़ें.
ई जिम्मेदारी उनुका मौजूदा मंत्रालय के अलावे रही.
केंद्रीय मंत्रिमंडल से तेलुगू देशम पार्टी के अशोक गजपति राजू के इस्तीफा दिहला का चलते ई फैसला भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..