निरहुआ एन्टरप्राइजेज देखा दिहलस यूपी के ताकत

भोजपुरी सिनेमा के वितरक अबले कहत आवत रहले कि यूपी में भोजपुरी सिनेमा के कवनो बिजनेस नइखे. असल में ऊ निरीह निर्मातन के धोखा देके आपन गोटी लाल करत रहले. यूपी वितरण क्षेत्र के ताकत देखावे खातिर निरहुआ एन्टरप्राइजेज मैदान में उतरल आ अबले ऊ तीन गो फिल्म एह टेरीटरी में वितरित कइले बा. कमाल ई रहल कि तीनो के तीनो पचासवाँ दिन के उपलब्धि हासिल कइली सँ.


सबसे पहिले निरहुआ एन्टरप्राइजेज प्रेम के रोग भइल के वितरण कइलस. ई फिल्म गोरखपुर बनारस सहित चार जगहा पचासा मनवलसि. फेर रिलीज कइलस सात सहेलियाँ के. इहो फिल्म वइसही सफल रहल आ इहो कई जगहा पचासा लगवलसि. अब रिलीज कइले बा शिवा के आ इहो फिल्म हालही में गोरखपुर में पचासवाँ दिन मनवलसि.

निरहुआ के कहनाम बा कि एह तीनो फिल्मन के लगातार मिलल सफलता ओह वितरकन के झूठ साबित कर दिहलस जे कहत रहुवे कि यूपी में भोजपुरी सिनेमा के कवनो व्यवसाय नइखे. असल में ऊ निर्माता का साथे धोखाधड़ी करत रहले आ ओह लोग के हलाल करत रहले. अब निरहुआ के आपन वितरण कंपनी देखा दिहलस कि भोजपुरी सिनेमा के व्यवसाय खातिर यूपी टेरीटरी कवनो दोसरा टेरीटरी से कम नइखे बशर्ते फिल्म के वितरण सुव्यवस्थित ढंग से कइल जाव आ तरीका से प्रचार प्रसार कइल जाव.

आगा आवे वाला दिन में निरहुआ एन्टरप्राइजेज तू ही मोर बालमा, दिल, आ मृत्युंजय के रिलीज करे वाला बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

1 Comment