सिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट जोड़ी निरहुआ-पाखी के धमाल एक बेर फेरू दीपक सांवत के बनावल भोजपुरी फिल्म ‘गंगादेवी’ से मचे वाला बा. एह फिल्म में निरहुआ-पाखी के जोड़ी एकदम नया अंदाज में देखे के मिली. निरहुआ राजनीतिक कार्यकर्ता बनल बाड़ें आ पाखी हेगडे उनकर पत्नी, जे बाद में चलके खुद राजनीति में आवत बाड़ी आ राजनीतिक भठियरपन के सफाया करत बाड़ी.
गंगादेवी में महानायक अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, आ गुलशन ग्रोवर के खासमखास भुमिका बा.
(प्रशांत निशांत के रपट)
0 Comments