निर्बाध प्रदर्शन के सेंसर सर्टिफिकेट लिहले ‘सजना मंगिया सजाई दऽ हमार’ के शानदार छठवाँ हफ्ता

sajna-mangiya-sajai-da-hamar-6सेसर बोर्ड से ‘यू’ सर्टिफिकेट लिहले समहर पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के भोजपुरिया दर्शक हाथो हाथ उठा लिहले बाड़न. परिणाम बा फिलिम के मिलत शानदार सफलता.

निर्माता हलचल सिंह आ निर्देशक ओमजी यादव के एह फिलिम के मुख्य कलाकारन मे राजस्थानी सुपर स्टार नेहाश्री का संगे अरविन्द अकेला ‘कल्लू’ के जोड़ी बनावल गइल बा. साथही अर्चना सिंह आ रवि राज दीपू के अभिनयो के दर्शक सराहत बाड़े. बालेश्वर सिंह के दबंगई आ मनोज सिंह टाईगर अउर सीपी भट्ट के काॅमेडिओ लोग के पसंद अवत बा.
बहुत दिन बाद कवनो भोजपुरी फिलिम के अइसन सफलता मिलल बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..