नेता जी कहिन

बिहार के दू हजार से बेसी आबादी वाला हर गाँव में अगिला साल मार्च ले बैंकिंग सेवा उपलब्ध करा दिहल जाई. – उपमुख्यमंत्री (बिहार) सुशील मोदी

राज्य में बड़हन संख्या में स्वास्थ्य मित्र आ स्वास्थ्य सहेलियन के बहाली होखी. अगिला साल ले बेतिया, पावापुरी आ पटना के इंदिरागाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान में मेडिकल कालेज शुरु हो जाई. – स्वास्थ्य मंत्री (बिहार) अश्विनी कुमार चौबे

रबी सीजन में उन्तालिस लाख टन गेंहू खरीद के लक्ष्य तीस जून ले पूरा कर लिहल जाई. – खाद्य मंत्री (उत्तर प्रदेश) रामप्रसाद चौधरी

मुसलमानन का साथ भेदभाव करत बिया बिहार सरकार. ऊ अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले खातिर अबही ले जमीन मुहैया नइखे करवले. – राजद नेता शकील अहमद खान

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।